एक पेड़ मां के नाम अभियान के अंर्तगत सइयन गो महिला लोग कइल पौधरोपण 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2024

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। एक पेड़ मां के नाम अभियान के अंतर्गत सनीचर के महिला लोगन के ओर से सइयन से बेसी महिला लोग पौध रोपण कइल। बात दीं कि एक पेड़ मां के नाम

Share

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। एक पेड़ मां के नाम अभियान के अंतर्गत सनीचर के महिला लोगन के ओर से सइयन से बेसी महिला लोग पौध रोपण कइल।

बात दीं कि एक पेड़ मां के नाम अभियान के सुरुआत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से कइल गइल बा। एह अभियान के पीछे के वजह लगातार तापमान में बढ़ल ग्लोबल वार्मिग आदि के कारण लगातार लोगन के आकालीन मृत्यु हो रहल बा।

एह अभियान के तहत माननीय अतुल त्रिपाठी (संस्थापक आ अध्यक्ष) स्माइल (सोसाइटी ऑफ मोटीवेटिंग एंड इनोवेटिंग एनवायरमेंट एंड लर्निंग) के ओर से महिला लोगन के सहजोग से पौधरोपण के कार्यक्रम चलावल गइल। एमे सब ग्रामीण क्षेत्रन के महिला लोग खुल के भाग लिहल। एह पौधरोपण के दौरान महिला लोगन के ओर से लगातार वृक्ष के रक्षा करे आ बचावे खातिर जागरूकता बढ़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.