मशरक: अचानके चलत बाइक प कूदल नीलगाय…एक के मौत; चाचा-भतीजा सोमारी के पूजा करे जात रहे लो

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2023

सारण के मशरक थाना क्षेत्र के बहियारा चवर में अपाचे बाइक सवार पs अचानक नील गाय कूद पड़ल। एमे बाइक सवार जुवक के घटनास्थल पs मौत हो गइल। ओहिजा, पीछे बइठल मृतक के चाचा गंभीर

Share

सारण के मशरक थाना क्षेत्र के बहियारा चवर में अपाचे बाइक सवार पs अचानक नील गाय कूद पड़ल। एमे बाइक सवार जुवक के घटनास्थल पs मौत हो गइल। ओहिजा, पीछे बइठल मृतक के चाचा गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घटना सोमार सबेरे के हs जब दुनो मंदिर में पूजा करे जात रहे लो।

मृतक के पहचान धरमासती गांव निवासी राजकुमार राय के 20 साल के बेटा बबलू कुमार के रूप में भइल बा। ओहिजा, घायल व्यक्ति मैनेजर राय हs। दुनो बाइक सवार चाचा भतीजा हs लो। चाचा के इलाज निजी क्लीनिक में चल रहल बा। उनकर इस्थिति गंभीर बनल बा। मवका पs पहुंचल थाना पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल छपरा भेज देलस।

परिजन लोग बतावल कि जुवक अपाचे बाइक पs सवार होके अपना चाचा के संगे महेंद्र नाथ मंदिर में पूजा अर्चना करे जात रहे। बहियारा चवर में नीलगाय अपाचे बाइक पs कूद पड़ल। मृतक भतीजा तीन भाइयन में बड़ रहे आ पढ़ाई करत रहे। घटना के बाद गांव में खबर मिलतही चीख पुकार मच गइल।

सारण के उत्तरी क्षेत्र में नील गायन के आतंक हमेशा से देखे के मिलत रहल बा। आइल दिन नील गायन के टक्कर से दुर्घटना होत रहल बा। एह दुर्घटनन में कइयन बेर लोगन  के जान तक चल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.