यूक्रेन संकट- का रउआ पता बा भारत के केतना लोग बा यूक्रेन में फंसल?

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2022

यूक्रेन पs रसिया कावर से हमला के गहिरात आशंका के बीचे भारत यूक्रेन आ ओकरा अगरी कगरी के जगहन पs रह रहल भारत के लोगन के निकाले के अभियान सुरू कs देले बा। आज भोरे

Share

यूक्रेन पs रसिया कावर से हमला के गहिरात आशंका के बीचे भारत यूक्रेन आ ओकरा अगरी कगरी के जगहन पs रह रहल भारत के लोगन के निकाले के अभियान सुरू कs देले बा। आज भोरे एयर इंडिया के खास जहाज यूक्रेन भेज दिहल गइल रहे। भारत एह खास निकासी अभियान ला 200 से बेसी सीट आला ड्रीमलाइनर हवाई जहाज के तैनात कइले बा। ई फ्लाइट मंगर के रात 11:30 बजे 242 भारतीय छात्रन के लेके यूक्रेन के खार्किव से दिल्ली हवाई अड्डा पहुँच चुकल बा। जानकारी के मोताबिक, एह विमान का 10:15 में पहुंचे के रहे बाकिर उड़ान में देरी होखला के वजे से हवाई जहाज देर से पहुंचल।

एकरे बीचे, यूक्रेन में जारी उच्च स्तर पs तनाव के देखत भारत अलगा से उड़ान चलावे के फसिला लेले बा। यूक्रेन में भारतीय दूतावास के मोताबिक, कीव से दिल्ली ला अलगा से उड़ान 25 फरवरी, 27 फरवरी (2 गो उड़ान) आ 6 मार्च, 2022 के संचालित होई। 20000 से बेसी भारत के छात्र आ ओहिजा रह रहल लोगन के वापसी ला भारत के सरकार तत्पर लउकत बिया।

 

 

साभार- अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.