सीतामढ़ी ; दारोगा मडर केस में दू गो आरोपियन के उमरकैद

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2024

सीतामढ़ी के मेजरगंज थाना में तैनात दारोगा दिनेश राम मर्डर केस मे दुगो आरोपियन के उमरकैद के सजा सुनावल गइल हऽ। कोट दुनु अपराधियन पऽ एक-एक लाख रूपिया के जूरमाना लगवले बा। साथहि मौत भइल

Share

सीतामढ़ी के मेजरगंज थाना में तैनात दारोगा दिनेश राम मर्डर केस मे दुगो आरोपियन के उमरकैद के सजा सुनावल गइल हऽ। कोट दुनु अपराधियन पऽ एक-एक लाख रूपिया के जूरमाना लगवले बा। साथहि मौत भइल दारोगा के पत्नी के पांच-पांच लाख के मुआवजा देबे के आदेशो कोर्ट दुनु आपराधियन के देले बा। पिड़ित के ओर से विशेष अपर लोक अभियोजक उपेंद्र बैठा बहस कइले बाकिर सबूत के अभाव में 23 जनवरी के शिवम सिंह के कोर्ट के ओर से बरी कऽ दिहल गइल रहे।

24 फरवरी 2021 के भइल रहे हत्या

बता दी कि मेजरगंज में 24 फरवरी 2021 के दारोगा दिनेश राम के फोन प जानकारी मिलल रहे कि थाना कांड सं-28/2021 के आरोपी सुधा देवी घरहि बाड़ी आ उनका साथे आउर कुछ अपराधी लो जुटल बा। ओ घरी तैनात थानेदार राजदेव प्रसाद के ए बात के सूचना देत दारोगा दिनेश राम चौकीदारन आ पुलिस बल के साथ कुआरी मदन गाँव सुधा देवी के घर चहुँपले, ओ घरी सुधा देवी के घर में चार गो लोग बइठल रहे। दारोगा आ चौकीदार के घर में घुसते सुधा देवी के घर में बइठल बदमाश के गुट पुलिस पऽ गोलियन के बौछार कर देलस। इसमें एसआई दिनेश राम आ एगो चौकीदार के गोली लाग गइल।

सुधा देवी अबहि ले बाड़ी फरार 

एकरा बाद मेजरगंज थानादार राजदेव प्रसाद जख्मी लालबाबू पासवान आ दरोगा दिनेश राम के इलाज खातिर सीतामढ़ी सदर अस्पताल भेजले। बाकिर, डॉक्टर के टीम दारोगा के अस्पताले में मरल घोसित कऽ देलस। एने, दारोगा आ चौकीदार के गोली मार के भागे वाला के पीछा करत पुलिस के अपराधी रंजन सिंह के लास मिलल रहे। एकरा बाद मेजरगंज थाना क्षेत्र के कुंआरी मदन गाँव में दारोगा हत्याकांड में आरोपी सुधा देवी के घर के कुर्की जब्ती कइल गइल। एसपी के देखऽ रेख में ई कारवाई कइल जा चुकल बा। एसपी मनोज तिवारी मीडिया से बातचीत मे बतवले कि ए मामला में बस एगो आरोपी सुधा देवी फरार बाड़ी। बाकिर आउर सब आरोपित लो जेल में बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.