पंकज हत्याकांड के दु आरोपियन के सरेंडर, जमीन विवाद में भइल रहे हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2023

मीरगंज थाना क्षेत्र के बघवा गांव में जमीन विवाद में भइल पंकज मंडल के हत्या ममिला में दुगो मुख्य आरोपी विजय कुमार मंडल आ सियासरण मंडल कोर्ट में सरेंडर कs देले बा लो। ओहिजा ममिला

Share

मीरगंज थाना क्षेत्र के बघवा गांव में जमीन विवाद में भइल पंकज मंडल के हत्या ममिला में दुगो मुख्य आरोपी विजय कुमार मंडल आ सियासरण मंडल कोर्ट में सरेंडर कs देले बा लो। ओहिजा ममिला के तीन गो आउर आरोपी अभियो फरार बा लो।

मालूम होखे कि मीरगंज थाना क्षेत्र के बघवा गांव में जमीन विवाद में पंकज मंडल के अपना चचेरा भाई सियासरण मंडल से जमीन के विवाद चल रहल बा। खेत में काम कइला के दौरान पंकज मंडल के अपना चचेरा भतीजा विजय मंडल से बहस हो गइल रहे। बात एतना बढ़ गइल कि विजय कुमार मंडल आ ओकर परिजन सियासरण मंडल आ सिंटू मंडल अपना सहजोगियन के संगे मिलके मारपीट सुरू कs दिहल। एह मारपीट में पंकज मंडल के मौत हो गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.