निक्की हेली पs आइल एह शख्स के दिल, न्यू हैम्पशायर में सीधा पूछ लिहलस-“हमरा से बियाह करब”?..मिलल इs दिलचस्प जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 24, 2024

  नवंबर 2024 में अमेरिका में होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव के लेके रिपब्लिकन पार्टी के पूर्व राष्ट्रपति अवुरी निक्की हेली के बीच कड़ा मुकाबला बा। बाकिर एह मुकाबला में ट्रम्प निक्की हेली पs आपन जगह

Share

 

नवंबर 2024 में अमेरिका में होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव के लेके रिपब्लिकन पार्टी के पूर्व राष्ट्रपति अवुरी निक्की हेली के बीच कड़ा मुकाबला बा। बाकिर एह मुकाबला में ट्रम्प निक्की हेली पs आपन जगह बनावत बाड़न। न्यू हैम्पशायर में भी ट्रंप चुनाव जीत चुकल बाड़े। एहसे उनुका नजदीकी प्रतिद्वंद्वी निक्की हेली के बहुते बड़हन झटका लागल बा। न्यू हैम्पशायर में चुनाव प्रचार खातिर एगो कार्यक्रम में जब निक्की हेली भाषण देत रहली तs एगो मतदाता के उनुका से प्यार हो गइल। एहसे उत्साहित मतदाता निक्की हेली के भाषण में टोक के अयीसन सवाल पूछले कि पूरा बैठक में केहु बिना हंसले ना रह पावल। मतदाता निक्की हेली से पूछले कि, ‘का आप हमरा से बियाह करब?’

हेली वोटर के ईs रोचक जवाब दिहली

कहल जा रहल बा कि निक्की हेली के बियाह के प्रस्ताव देवे वाला मतदाता ट्रंप के समर्थक हवे। निक्की हेली ओह आदमी के सवाल के एगो रोचक जवाब देली। राष्ट्रपति पद के दावेदार बियाह के प्रस्ताव देवे वाला आदमी से पूछली कि का उs ओकरा के फेर से वोट दिहे। तब उs व्यक्ति कुछ देर खातिर चुप हो गईल। एकरा बाद उs कहले कि, “हम ट्रंप के वोट देतानी। ” ओकरा बाद उनुकर साथी रैली में शामिल लोग उनुकर मजाक उड़ावलस।हेली अप्रभावित होके जवाब में उनुका से कहली कि “बाहर निकल जा।”

ओने मंगल के दिने (स्थानीय समय) न्यू हैम्पशायर के राष्ट्रपति चुनाव में हेली अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप से पीछे दुसरका जगहा पs रहली। न्यू हैम्पशायर के रिपब्लिकन पार्टी के राष्ट्रपति चुनाव में ट्रंप जीत गइलन जबकि वर्तमान अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडेन बिल्कुल प्रचार ना कइला के बावजूद डेमोक्रेट खातिर जीत हासिल कइले बाड़न। लगातार दू गो जीत के बाद ट्रंप रिपब्लिकन पार्टी के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार के रूप में आपन स्थिति मजबूत करे लगलें।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.