गोरखपुर : पुलवामा के शहीदन के कैंडल जराके दिहल गइल श्रद्धांजली 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2024

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय गोरखपुर के मेन गेट पs बुध के कैंडल जराके पुलवामा में शहीद भइल सैनिकन के श्रद्धांजलि अर्पित कइल गइल। बता दीं कि 14 फरवरी 2019 के पाकिस्तान परस्त आतंकियन के

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय गोरखपुर के मेन गेट पs बुध के कैंडल जराके पुलवामा में शहीद भइल सैनिकन के श्रद्धांजलि अर्पित कइल गइल। बता दीं कि 14 फरवरी 2019 के पाकिस्तान परस्त आतंकियन के हमला में देस के 72 सैनिक शहीद हो गइल रहे लो। चार साल पहिले पुलवामा आतंकी हमला में शहादत देवे वाला वीर जवानन के इयाद में गोरखपुर विश्वविद्यालय के मेन गेट  पs कैंडल जरा के दु मिनट का मौन रख श्रद्धांजलि दिहल गइल। एकर अगुवाई गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्र नेता अंकित वर्मा आ सुशान्त शर्मा कइल लो।

एह दौरान अंकित वर्मा आ सत्यम सिंह संयुक्त रूप से कहल लो कि भारत मां के अइसन वीर सपूत जेकरा कारण हमनी के चैन से अपना घरन में सुतेनी सs आ देस के सीमा सुरक्षित बा। आज हनी के अइसन सब वीर जवानन के शहादत के सच्चा श्रद्धांजलि देत देस के आन बान आ शान के रक्षा के संकल्प लेत बानी सs। ओह अमर जवानन के शहादत पs सब देशवासियन के गरब बा।

कार्यक्रम के दौरान वरिष्ठ छात्र नेता योगेश प्रताप सिंह, शुभम मिश्रा, प्रियांशु सिंह, भास्कर सिंह, नारायण दत्त पाठक, उत्कर्ष मिश्र, आनंद वर्मा, शुभम शर्मा, रवि पाण्डेय, सुबोध पाण्डेय, सोनू पासवान आदि मौजूद रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.