महाराष्ट्र के रायगढ़ में बस पलटे से बड़ हादसा, दु गो यात्रीयन के मउत, 50 से जादा घवाहिल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 30, 2023

  महाराष्ट्र के रायगढ़ में एगो बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा। बस पटरी से उतरत घरी दू गो यात्रियन के मउत हो गइल बा जबकि 50 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा। एसपी

Share

 

महाराष्ट्र के रायगढ़ में एगो बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा। बस पटरी से उतरत घरी दू गो यात्रियन के मउत हो गइल बा जबकि 50 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा। एसपी रायगढ़ बतवले कि आजु सबेरे करीब साढ़े सात बजे मानगांव थाना क्षेत्र के तम्हानी घाट इलाका में एगो ट्रैवल बस पलटला से दू लोग के मउत हो गइल आ 55 लोग घवाहिल हो गइल। घाही लोग के इलाज खातीर नजदीकी अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

बस में लइका रहले

प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक ए दुर्घटना तब भईल जब स्कूल ट्रिप पुणे से कोंकण जात रहे। अधिकांश बच्चा बस में बईठल रहले। ई भयानक हादसा पुणे आ मानगांव के बीच तम्हानी घाट पs एगो कठिन मोड़ पs भइल। हादसा कोंडेघर गांव के सीमा में भइल। घटना के जानकारी मिलते स्थानीय पुलिस मउका पs पहुंचल। एकरा बाद महाड, मनगांव से बचाव दल अवुरी एम्बुलेंस के भी मउका पs भेजल गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.