Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

189
  1. बिहार: CM नीतीश कुमार पs बख्तियारपुर में हमला, सुरक्षा में बड़ चूक। पुलिस के हिरासत में जुवक।
  2. बिहार: नीतीश मंत्रिमंडल से मुकेश सहनी के छुट्टी, राज्यपाल के सीएम नीतीश कुमार के सिफारिश पs मुहर। बस 496 दिन VIP रह सकले वीआईपी के मुखिया मुकेश सहनी।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में तालाब में नाव पलटला से 6 गो बच्चन के मौत, मछ्ली मारत घरी भइल हादसा।
  4. उत्तर प्रदेश: अयोध्या, रक्तदान शिविर वर्ल्ड बुक ऑफ रिकॉर्ड में दरज। देस में एक दिन में सबसे बेसी रक्तदान।
  5. गोवा: प्रमोद सावंत के शपथ ग्रहण आज। PM मोदी के रही मवजूदगी।
  6. देश भर में ट्रेड यूनियन्स दु दिन के हड़ताल पs, बैंकन पs रही सबसे बेसी असर।
  7. ऑस्कर अवार्ड्स: हुमा कुरेशी के ‘आर्मी ऑफ द डेड’ के मिलल फैंस च्वाइस अवार्ड, भारत के राइटिंग विद फायर बाहर।
  8. WCWC: भारतीय महिला टीम विश्व कप से बाहर, दक्षिण अफ्रीका से मिलल हार। नो बॉल से चमकल अंतिम ओवर में दक्षिण अफ्रीका के किस्मत।
  9. IPL: दिल्ली आउर पंजाब के जीत से सुरूआत। मुंबई आउर बेंगलोर के हार।
  10. IPL: आज के मैच में गुजरात आ लखनऊ के बीचे टक्कर, पहिला बेर आईपीएल में उतर रहल बा दुनो टीम।
232410cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.