साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2022

बिहार: लालू प्रसाद यादव के करीबी भोला यादव गिरफ्तार, कई ठिकानन पs आईटी के रेड, IRCTC घोटाला में बाड़े गिरफ्तार। सीबीआई कइलस कारवाई, पांच दिन के रिमांड पs भेजल गइले। बिहार: पटना आ नालन्दा में

Share

  1. बिहार: लालू प्रसाद यादव के करीबी भोला यादव गिरफ्तार, कई ठिकानन पs आईटी के रेड, IRCTC घोटाला में बाड़े गिरफ्तार। सीबीआई कइलस कारवाई, पांच दिन के रिमांड पs भेजल गइले।
  2. बिहार: पटना आ नालन्दा में मिलले मंकीपॉक्स के दु गो संदिग्ध मरीज, स्वास्थ विभाग अलर्ट। पटना आ राजगीर में संदिग्ध मिलला के बाद स्वास्थ विभाग के लोगन से सतर्कता बरते के कहलस।
  3. उत्तर प्रदेश: इस्तीफा देके खलबली मचावे आला राज्यमंत्री दिनेश खटीक काम पs लवटले, स्वतंत्रदेव के साथे बैठक में शामिल। कैबिनेट मंत्री स्वतंत्र देव सिंह आ राज्यमंत्री रामकेश निषाद के साथे सिंचाई विभाग के समीक्षा बैठक में शामिल भइले।
  4. उत्तर प्रदेश: देवरिया से दिनदहाड़े बेयपारी के अपहरण, पुलिस 10 घण्टा के अंदर बिहार के सीवान से बरामद कइलस।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन पांच जिला के 7987 परिवारन के 7182.9 एकड़ से बेसी भूमि पs फलदार पौधा लगावे के देले लक्ष्य।
  6. कर्नाटक में बीजेपी नेता के कुल्हाड़ी से काटके हत्या: युवा मोरचा के प्रवीण कन्हैया लाल के हत्या के विरोध में कइले रहस पोस्ट, 10 आरोपी हिरासत में।
  7. इंडियन नेवी भर्ती , अग्निवीर बनी लो लईकी: 20% सीट महिला लोगन खातिर रिजर्व रही, 10वीं पास कs सकत बा लो अप्लाई।
  8. मिथुन चक्रवर्ती के दावा, 38 TMC विधायकन से अच्छा रिश्ता: कहले- 21 विधायक लो सीधे हमरा संपर्क में, 4 आउर राज्य में बनी भाजपा के सरकार।
  9. CWG से हटल नीरज चोपड़ा के इमोशनल पोस्ट: लिखले निराश बानी, काहेकि ओपनिंग में तिरंगा ना थाम सकेम, भारतीय दल खातिर मंगले समर्थन।
  10. भारत-वेस्टइंडीज तीसरा वनडे आज: भारत के लगे पहिला बेर वेस्टइंडीज के ओकरे घर में क्लीन स्वीप करे के मौका, सीरीज पहिलही जीत चुकल बा भारत।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.