साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2022

बिहार: ओडिशा के कारोबारी से 10 लाख के ठगी, बिहार में सरगना समेत 6 गिरफ्तार, नोट दुगुना करे के देले रहs सs लालच। बिहार: पटना में आरजेडी विधायक दल के बइठक, चुनाव के लेके होई

Share

  1. बिहार: ओडिशा के कारोबारी से 10 लाख के ठगी, बिहार में सरगना समेत 6 गिरफ्तार, नोट दुगुना करे के देले रहs सs लालच।
  2. बिहार: पटना में आरजेडी विधायक दल के बइठक, चुनाव के लेके होई चर्चा।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी पुलिस में सिपाही खातिर भरती के तइयारी, करीब 35 हजार पद खातिर भेजल गइल प्रस्ताव।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव के बयान पs सीएम योगी आदित्यनाथ के तंज, रउआ आ राहुल गांधी में जादे अंतर नइखे।
  5. झारखंड: राज्यसभा चुनाव, भाजपा प्रत्याशी आदित्य साहू कइले नामांकन, आजसू विधायक प्रस्तावकन में शामिल।
  6. कश्मीर में हिंदू टीचर के टारगेटेड हत्या, स्कूल में कइयन गो मुस्लिम टीचर रहे लो, बाकिर आतंकियन के बंदूक के निशाना पs रजनी रही।
  7. मुसेवाला के हत्या करावे आला खौफ में: गैंगस्टर लॉरेंस के हाईकोर्ट से गुहार – पुलिस कस्टडी में ना भेजल जाव, एनकाउंटर हो सकत बा।
  8. टिकट पs कांग्रेस में मचल हाहाकार: नाराज गुलाम नबी आजाद से मिले सोनिया उनका घरे पहुंचली। आनंद शर्मा के पार्टी छोड़े के अटकल।
  9. ताइवान में चीन के घुसपैठ: 30 फाइटर जेट्स के संगे ताइवान के डिफेंस जोन कावर बढ़ल। अमेरिका चेतवलस अपना हद में रहे चीन।
  10. एशिया कप: भारत-साउथ कोरिया हॉकी मैच 4-4 से ड्रॉ। भारत फाइनल में ना पहुंचल। कांस्य पदक मैच बिहान जापान से।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.