Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

204
  1. बिहार: बड़हिया में चल रहल आंदोलन समाप्त, ट्रेनन के परिचालन कइल जा रहल बा बहाल।
  2. बिहार: पश्चिम चंपारण के बगहा में बाघ आ तेंदुआ के बाद अब भालुओ से दहशत, खेतन में काम करे गइल किसानन पs हमला, दू लोग जख्मी।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी मस्जिद केस: जिला जज के अदालत में सुनवाई पूरा भइल, ज्ञानवापी ममिला में काल्ह आ सकत बा आदेश।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव के राजभर के सलाह, लोकसभा चुनाव जीते के बा तs घर से बहरी निकलस सपा मुखिया, ई समे आराम करे के नइखे।
  5. झारखंड: आईएएस पूजा सिंघल ममिला में ED के बड़ एक्शन, साहिबगंज – रांची के DMO से पूछताछ।
  6. जापान में मोदी: भारतीय लोग से बोलले PM – हमरा मक्खन पs ना, पत्थर पs लकीर बनावे में मजा आवेला।
  7. प्री मानसून बनल आफत: MP के कइयन गो जिला में आंधी आ बारिश, मैहर के शारदा देवी मंदिर रोप वे में फंसल 80 श्रद्धालुअन के बचावल गइल।
  8. फेर गिड़गिड़ाइल पाकिस्तान: टेरर फंडिंग में दोषी ठहरावल गइले यासीन मलिक पs पाक पीएम शरीफ बोलले – दुनिया मोदी के रोक लेव।
  9. बाइडेन के चीन के चेतावनी, कहले – ताइवान पs हमला भइल, तs हमनी के मिलिट्री एक्शन लेम सs, चीन बोलल – राष्ट्रीय हितन के रक्षा ला हमनी के तैयार।
  10. वुमन टी – 20 के पहिला मैच आज, स्मृति मंधना के ट्रेलब्लेजर आ हरमनप्रीत कौर के सुपरनोवा के बीचे भिंडत।
256110cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.