सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2023

बिहार: NDA में आ सकत बाड़ें मुख्यमंत्री नीतीश कुमार; मांझी के बयान के BJP नेता कइलें समर्थन, PK बोललें- लिख के ले ली सभे पलटी मरिहें। हमरा के मुख्यमंत्री बनावल उनकर लाचारी रहे- जीतन राम

Share

  1. बिहार: NDA में आ सकत बाड़ें मुख्यमंत्री नीतीश कुमार; मांझी के बयान के BJP नेता कइलें समर्थन, PK बोललें- लिख के ले ली सभे पलटी मरिहें। हमरा के मुख्यमंत्री बनावल उनकर लाचारी रहे- जीतन राम मांझी
  2. बिहार: बिहार अइहें युटूबर पत्रकार मनीष कश्यप; 27 जून के बेतिया कोर्ट में पेशी होई, BJP विधायक से मारपीट आ रंगदारी के केस में होई सुनवाई। साल 2020 के हs ममिला। फिलहाल तमिलनाडु फर्जी वीडियो केस में मदुरई जेल में बंद बाड़ें।
  3. उत्तर प्रदेश: माफिया विनोद उपाध्याय के घर ढहावल गइल; गोरखपुर में 7000 स्क्वायर फूट जमीनो खाली करावल गइल। 50 हजार के इनामी पs बा 32 मुकदमा। GDA के निगरानी में चलल बुलडोजर।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में बिजली कटौती से CM योगी नाराज: रात में ऊर्जा मंत्री समेत सब बड़ अफसरन के तलब कइलें, बोललें- ई बर्दाश्त ना होई, तत्काल सुधार होखे।
  5. झारखंड: पारा शिक्षकण के राज्य सरकार के अल्टीमेटम; एक हफ्ता में मुख्यमंत्री से ना भइल बात तs उग्र प्रदर्शन के होई घोषणा। 30 जून तक करी लोग इंतजार।
  6. पहलवान साक्षी मलिक के नया दावा: 2 गो बीजेपी नेता धरना देवे के कहल लो, परमिशनो दिवावल लो, मेडल बहइती सs तs हिंसा होइत। विनेश फोगाट बोलली- अंधा राजा अब गूंगा-बहरा हो गइल।
  7. बिपरजॉय के 36 घंटा के बादो गुजरात में भारी बरखा: पालनपुर शहर में पानी भरल, चारणका में सोलर पार्क डूबल; बनास नदी में बाढ़। सूरत में राहगीर पs गिरल पानी के टंकी।
  8. सेना सिक्किम में फंसल 3500 टूरिस्ट के बचवलस: लैंडस्लाइड से सड़क बह गइल, चुंगथांग घाटी में भारी बरखा से जनजीवन अस्त व्यस्त।
  9. शीत युद्ध के बाद पहिला बेर नाटो बनाई डिफेंस प्लान: हजार पन्नन में बनी सीक्रेट स्ट्रेटजी, सदस्य देस तुर्की के बा आपत्ति। नाटो देसन में सामिल होखल चाहत बा यूक्रेन।
  10. बांग्लादेश के टेस्ट में सबसे बड़ जीत: अफगानिस्तान के 546 रन से हरवलस, शांतो दूनो पारियन में शतक जमवलें। टेस्ट इतिहास के सबसे बड़ जीत इंग्लैंड के नावे 1928 में आइल रहे तब 675 रन से आस्ट्रेलिया हारल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.