- बिहार: सासाराम हिंसा केस में BJP के पूर्व विधायक जवाहर प्रसाद गिरफ्तार; CM नीतीश बोललें -जे दोषी होई ओकरा पs एक्शन होई, चाहे कवनो पार्टी के होखे।
- बिहार: 30 अप्रिल के NDA में सामिल हो सकत बाड़ें कुशवाहा; राजगीर में राजनीति शिवर के अंतिम दिन करिहें ऐलान, पार्टी नेता लोगन से मंथन सुरू।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी बोललें- माफिया आज अपना जान के भीख मांग रहल बा लो; पहिले गुंडा टेक्स मांगत रहे लो, भाजपा कवनो धर्म, मजहब आ जाति ना देखेले। निकाय चुनाव के लेके गोरखपुर, महराजगंज आ देवरिया के दौरा कइलें।
- उत्तर प्रदेश: असद-गुलाम एनकाउंटर स्पॉट पs पहुंचले अधिकार सेना अध्यक्ष अभिताभ ठाकुर; खुद जमीन पs लाश लेखा सुतलें, विडियो बनवलें; बोललें- फैक्ट हत्या के तरफ इशारा करत बा।
- झारखंड: अवैध खनन पs प्रशासन के कड़ा कार्रवाई; रांची के ओरमांझी, बुढ़मू, नगड़ी आ बुंडू समेत कइयन इलाकन में कार्रवाई, 15 लोग गिरफ्तार।
- सेना के आर्टिलरी रेजिमेंट में पहिला बेर सामिल भइल लो महिला: तीन चीन आ 2 पाकिस्तान बॉर्डर पs तैनात; गलवान में शहीद के पत्नी बनली लेफ्टिनेंट।
- मई में ना पड़ी भीषण गरमी: उत्तर भारत आ मध्य भारत में पारा 40 पहुंचला के आसार कम; 14 राज्यन में 4 दिन भारी बरखा के अलर्ट।
- नेशनल टेस्टिंग एजेंसी JEE मेन 2023 के रिजल्ट जारी कइलस, 43 स्टूडेंट्स के मिलल परफेक्ट 100 स्कोर।
- पाकिस्तान अमेरिका से कइलस मिलिट्री फंडिंग के मांग: अमेरिकी अधिकारी बोललीं- IMF के शर्त कड़ा बा बाकिर ओकरा के मान लेवे पाकिस्तान। पूर्व राष्ट्रपति ट्रंप कहलें रहस- पाकिस्तान आतंकियन के पनाह देला।
- WFI विवाद में फोगाट बहिन आमने-सामने: बबीता बोलली- छेड़छाड़ के आरोपी प्रियंका के सचिव धरना में आइल, विनेश कहली; अंदोलन के कमजोर मत करs।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Apr 29, 2023
बिहार: सासाराम हिंसा केस में BJP के पूर्व विधायक जवाहर प्रसाद गिरफ्तार; CM नीतीश बोललें -जे दोषी होई ओकरा पs एक्शन होई, चाहे कवनो पार्टी के होखे। बिहार: 30 अप्रिल के NDA में सामिल हो
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






