- बिहार: सुब्रमन्यम स्वामी बोललें- नीतीश कुमार के ना कइसे कह सकत बानी; पीएम उम्मीदवारी पs पटना में कहलें- ऊ हमार बढ़िया दोस्त, मिलके बात करेम।
- बिहार: पुंछ हमला केंद्र के साजिश तs ना? -भाई वीरेंद्र; कहलें पुलवामा अटैक से मिलत-जुलत बा; बीजेपी के नीति बा- देस में आग लगावs आ सरकार बनावs। ललन सिंह बोललें- जनता सब देख रहल बिया।
- उत्तर प्रदेश: यूपी निकाय चुनाव से पहिले डैमेज कंट्रोल में जुटली सs पार्टी; सपा रूठल लोगन के देलस टारगेट; भाजपा जिलेवार कमेटी बनवलस; कांग्रेस में विचार-विमर्श।
- उत्तर प्रदेश: उन्नाव में गोरखपुर-पनवेल एक्सप्रेस के ब्रेक शू में लागल आग, डेराइल-सहमल यात्री कोच से कुदके भागल लो। हादसा लखनऊ-कानपुर रेल रूट के जैतीपुर रेलवे स्टेशन के लगे भइल।
- झारखंड: चतरा में छात्र के माथा से टीका मिटवावे पs बवाल, अक्रोशित विहिप-बजरंग दल कार्यकर्ता स्कूल में हंगामा कइल लो।
- राहुल गांधी लोकसभा सचिवालय के सउपलें सरकारी बंगला: खुद दरवाजा लॉक कइलें, अफसर से हाथ मिलाके चाबी देलें; मां-बहिन साथ रहे लो।
- सत्यपाल मलिक थाना पहुंचलें, पुलिस कहलस- गिरफ्तार नइखे कइल गइल: पुलवामा हमला पs सवाल उठवले रहस; शाह बोललें- सत्ता में रहते काहे ना जागल अंतरात्मा।
- उत्तराखंड के चारधाम यात्रा सुरू, खुलल गंगोत्री-यमुनोत्री के पट: 25 अप्रिल के केदारनाथ आ 27 अप्रिल के बद्रीनाथ धाम के कपाट खोलल जाई।
- पाकिस्तान के भारत से जंग के डर: रक्षा मंत्री ख्वाजा मुहम्मद आसिफ बोललें- युद्ध के आशंका के बीच चुनाव ना होखे के चाहीं, आतंकवाद के खतरा बढ़ी। अक्टूबर में चुनाव करवावल चाहत बिया शाहबाज सरकार।
- आईपीएल में 143 मैचन से सुपर ओवर के इंतजार: साल 2009 में पहिला बेर खेलल गइल; अभी ले कुल 14 बेर सुपर ओवर भइल, साल 2020 में सबसे जादा 4 बेर भइल सुपर ओवर।
सांझ के बड़ खबर
Published on: Apr 22, 2023
बिहार: सुब्रमन्यम स्वामी बोललें- नीतीश कुमार के ना कइसे कह सकत बानी; पीएम उम्मीदवारी पs पटना में कहलें- ऊ हमार बढ़िया दोस्त, मिलके बात करेम। बिहार: पुंछ हमला केंद्र के साजिश तs ना? -भाई वीरेंद्र;
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






