- बिहार: नया शिक्षक नियमावली पs लागल कैबिनेट के मुहर; 3 लाख पदन पs होखे के बा बहाली, राज्यकर्मी बने खातिर नियोजित शिक्षकन के देवे के होई परीक्षा, महंगाई भत्ता में इजाफा।
- बिहार: हिंसा में मुस्लिम लईकन के गिरफ्तार कs रहल बिया सरकार; ओवैसी बोललें- हिंदूअन के बचावल जा रहल बा। इफ्तार पs निशाना, कहलें- नीतीश-तेजस्वी के फैंसी ड्रेस से फुरसत नइखे।
- उत्तर प्रदेश: मुख्तार अंसारी के लखनऊ CBI स्पेशल कोर्ट में पेशी; मनी लांड्रिंग केस में तय ना हो सकल आरोप, अब 19 अप्रिल के फेर होई सुनवाई।
- उत्तर प्रदेश: यूपी नगर निकाय चुनाव में सब सीट पs प्रत्याशी उतारी कांग्रेस, जीत के लेके प्रदेश अध्यक्ष बृजलाल खाबरी के अप्रत्याशित सफलता मिले के उमेद।
- झारखंड: जेल में बंद धनबाद के पूर्व विधायक संजीव सिंह के तबीयत बिगड़ल; सीना में शिकायत के बाद अस्पताल में करावल गइल भर्ती, सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम।
- एह साल सामान्य से कम बरखा के अनुमान: देस में अनाज के पैदावार घट सकत बा, एकरा से महंगाई बढ़े के आशंका। लॉन्ग पीरियड एवरेज से कम बरखा के अनुमान। उत्तर आ मध्य भारत में कम बरखा के आसार।
- एअर इंडिया फ्लाइट में पैसेंजर क्रू से मारपीट कइलस: 2 मेंबर्स के चोट आइल, लंदन जा रहल फ्लाइट 4 घंटा बाद दिल्ली एयरपोर्ट वापस लवटल। पैसेंजर के पुलिस कस्टडी में लिहल गइल।
- केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह बोललें- अरुणाचल के लोग नमस्ते ना जय हिंद बोलेला: इहां केहू कब्जा नइखे कs सकत; गृहमंत्री के दौरा पs चीन के आपत्ति, दौरा के बतवलस संप्रभुता के उल्लंघन।
- ट्विटर BBC के ‘गवर्नमेंट फंडेड मीडिया’ के लेबल देलस: ब्रिटिश कंपनी बोलल- एकरा के तुंरत हटावल जाव, मस्क के सवाल- BBC के मतलब का बा?
- आईपीएल 2023: आज बेंगलुरु के सामना लखनऊ से, लगातार तीसरा हार से बांचें के चाहीं लखनऊ। भारुतीय क्रिकेट के घरेलू सीजन 2023-2024 के शेड्यूल के घोषणा: दलीप ट्रॉफी 28 जून से, अगिला साल 5 जनवरी से होई रणजी ट्रॉफी के आगाज।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Apr 10, 2023
बिहार: नया शिक्षक नियमावली पs लागल कैबिनेट के मुहर; 3 लाख पदन पs होखे के बा बहाली, राज्यकर्मी बने खातिर नियोजित शिक्षकन के देवे के होई परीक्षा, महंगाई भत्ता में इजाफा। बिहार: हिंसा में मुस्लिम
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, Big Update, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Update, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






