- बिहार: RJD के दावत-ए-इफ्तार, बीजेपी आ रालोजद कसलस तंज; नीतीश कुमार सहित कइयन बड़ नेता पहुंचल लो, स्वागत कर रहल बाड़ें उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव।
- बिहारशरीफ हिंसा ममिला में एक्शन, 15 लोगन के खिलाफ नामजद FIR: EOU पटना में दर्ज कइलस केस; 5 गिरफ्तार, संदेह के घेरा में 35 लोग।
- उत्तर प्रदेश: 5 महीना बाद यूपी में आइल 319 कोरोना केस; 63 जिलन में पॉजिटिव केस, प्रदेश में एक्टिव मरीजन के संख्या 1192 पहुंचल।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी बोललें- निकाय आ लोकसभा चुनावन में खिलावे के बा कमल, माफियन के इलाज जानत बिया सरकार। जातिवाद से नइखे हो सकत केहू के कल्याण।
- झारखंड: लोहरदगा में एनआइए के छापेमारी; टेरर फंडिंग ममिला के जांच कs रहल बिया एजेंसी, कुडू के ईंट भट्टा कारोबारी राजू कुमार के आठ ठिकानन पs रेड।
- दिल्ली LG वीके सक्सेना के इशारन में केजरीवाल पs तंज: कहलें- IIT कइला के बादो कुछ लोग अशिक्षित; AAP PM के डिग्री पs सवाल उठवले रहे। दिल्ली सरकार के मंत्री आतिशी मार्लेना के पलटवार, बोलली- एलजीओ देखावस आपन डिग्री।
- केंद्रीय चुनाव समिति के मीटिंग खातिर बीजेपी हेडक्वार्टर पहुंचले पीएम मोदी: कर्नाटक के पार्टी प्रत्याशियन के लिस्ट आ सकत बा; कांग्रेस नेता लोगन के खड़गे के घर पs मीटिंग।
- अपने सरकार के खिलाफ अनशन करिहें सचिन पायलट: मीडिया के गहलोत के बयान देखवलें, बोललें- वसुंधरा पs एक्शन ना लेलें, लोग सोची मिलीभगत तs नइखे।
- पाकिस्तान में सुप्रीम कोर्ट बनाम सरकार: कोर्ट कहलस- पंजाब में इल्केशन खातिर 21 अरब रुपिया रिलीज करे सरकार, शाहबाज सरकार खामोश, टकराव आउर बढ़े के उमेद।
- शटलर प्रियांशु राजावत जीतलें ऑरलियन्स मास्टर्स: मैग्नस जोहानसन के 21-15, 19-21, 21-16 से हरवलें, ई उनकर पहिला सुपर 300 सीरीज खिताब।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Apr 9, 2023
बिहार: RJD के दावत-ए-इफ्तार, बीजेपी आ रालोजद कसलस तंज; नीतीश कुमार सहित कइयन बड़ नेता पहुंचल लो, स्वागत कर रहल बाड़ें उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव। बिहारशरीफ हिंसा ममिला में एक्शन, 15 लोगन के खिलाफ नामजद FIR:
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






