Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

2,252
  1. बिहार: बिहारियन पs हमला के जांच करे बिहान तमिलनाडु जाई टीम; CM DGP-मुख्य सचिव के संगे बैठक कइलें; विपक्ष के मांग पs फैसला लिहल गइल।
  2. बिहार: पूर्व सांसद मीना देवी JDU छोड़ली; तेजस्वी यादव के उत्तराधिकारी बनावे से बाड़ी नाराज, बोलली- जंगलराज फेर से आ रहल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक के फाईनेंसर मासूक के घरे चलल बुलडोजर: मकान के कीमत करीब 3 करोड़ रुपिया, नक्शा रिजेक्ट होखला के बादो निर्माण करवलस।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानसभा में 58 साल बाद लागल अदालत, 6 पुलिसकर्मियन के दिहल गइल सजा, 18 साल पहिले तुड़ल गइल रहे BJP MLA के गोड़।
  5. झारखंड: कोयला कारोबारी के घर से 3 करोड़ के कैश जब्त; पूजा सिंघल के 2 करीबियन के 14 ठिकानन पs ED के रेड।
  6. पवन खेड़ा के अंतरिम जमानत 17 मार्च तक बढ़ल: सुप्रीम कोर्ट देलस राहत; PM मोदी पs विवादित बयान देला पs गिरफ्तार भइल रहलें।
  7. मनीष सिसोदिया ट्रायल कोर्ट में जमानत याचिका दाखिल कइलें: कस्टडी खत्म होखला के एक दिन पहिले लगवलें अर्जी, SC कहले रहे- हाईकोर्ट जाई।
  8. कैंब्रिज में राहुल गांधी बोललें- भारत में लोकतंत्र खतरा में: हमरा खिलाफ केस भइल; अफसर कहे लो- फोन पs सोच-समझके बोलिहs, बात रिकार्ड हो रहल बा।
  9. बेलारूस में नोबल विजेता एलेस के 10 साल के जेल: सरकार विरोधी धरनन के फंडिंग करे के आरोप, 2022 में जीतले रहस पीस नोबल।
  10. रोहित मनलें- टीम इंडिया मंगले रहे स्पिनिंग ट्रैक: कहलें- फैसला सभे के रहे, हमनी के पहिला पारी में अच्छा बैटिंग ना कइनी सs। भारत के तीसरा टेस्ट में आस्ट्रेलिया से 9 विकेट से मिलल बा हार। सीरीज में भारत 2-1 से बा आगे।
475220cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.