- बिहार: JDU (नीतीश) -JDU (उपेंद्र) अलग-अलग मनवलस शहीद जगदेव जयंती; प्रदेश अध्यक्ष के मना कइला के बादो कइलें आयोजन, कुशवाहा बोललें- अतिपिछड़ा समाज के उचित हिस्सेदारी मिले के चाहीं।
- बिहार: बेगूसराय में दु बेर के मुखिया के हत्या: अपराधियन द्वारा मारल गइल गोली, हत्या के बाद समर्थक लोग 2 किमी तक स्ट्रेचर पs शव खींचल। दु बेर से मुखिया रहलें बीरेंद्र शर्मा। राजनीतिक प्रतिद्वंदिता में हत्या के बा आशंका।
- उत्तर प्रदेश: शालिग्राम शिलन के 51 आचार्य कइल लोग पूजन, रामलला के मूर्ति खातिर राम मंदिर के कइल गइल समर्पित। नेपाल के काली गंडकी नदी से दु गो दिव्य शालिग्राम शिला अयोध्या धाम ले आवल गइल बा।
- उत्तर प्रदेश: मुरादाबाद में ना मिलल अखिलेश यादव के प्लेन के लैंड करे के अनुमति। बिफरल सपा कहलस -अहंकार के जल्दिये होई अंत।
- झारखंड: नक्सलियन के निशाना पs सुरक्षाबल, चाईबासा में IED बलास्ट में तीन जवान घायल।
- RBI बैंकन से पूछलस -अडानी ग्रुप के केतना करजा दिहल गइल बा; संसद में हंगामा; विपक्ष कहलस- संसद भा सुप्रीम कोर्ट के कमेटी जांच करे।
- उपराष्ट्रपति आ कानून मंत्री के खिलाफ बॉम्बे हाईकोर्ट में PIL दाखिल: लॉयर्स एसोसिएशन कहलस- ओह लोग के संविधान पs भरोसा नइखे, दुनो के अयोग्य घोषित कइल जाव।
- पिछिला साल 546 उड़ानन में तकनीकी खराबी आइल: इंडिगो, स्पाइसजेट में सबसे जादे आइल खराबी; ट्रेनिंग के दौरान भइल 8 गो विमान हादसा।
- पाकिस्तान में 47 साल बाद सबसे जादे महंगाई: जनवरी में इंफ्लेशन रेट 27.6 % रहल, 9 फरवरी के बाद आउर बढ़ी। एक साल में दुगुना भइल महंगाई।
- ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला टेस्ट खेलिहें रविंद्र जडेजा: NCA में फिटनेस टेस्ट पास कइलें, आज टीम इंडिया के संगे जुड़िहें। 6 महीना से नइखन खेलले इंटरनेशनल क्रिकेट।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Feb 2, 2023
बिहार: JDU (नीतीश) -JDU (उपेंद्र) अलग-अलग मनवलस शहीद जगदेव जयंती; प्रदेश अध्यक्ष के मना कइला के बादो कइलें आयोजन, कुशवाहा बोललें- अतिपिछड़ा समाज के उचित हिस्सेदारी मिले के चाहीं। बिहार: बेगूसराय में दु बेर के
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, Big Update, bihar news, Bihar-UP News, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






