Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के बड़ खबर

912
  1. बिहार: बिहार में 318 नया पदन के कैबिनेट के मंजूरी: 24 फरवरी से विधानसभा के बजट सत्र बोलावल गइल; आज 21 एजेंडन पs लागल मुहर।
  2. बिहार: बक्सर में स्कूल जा रहल नाबालिग छात्रा से गैंगरेप; गांव के 3 युवक लोग जबरन उठावल, तबीयत बिगड़ल तs छोड़के भागल; गिरफ्तार।
  3. उत्तर प्रदेश: केशव प्रसाद मौर्य के आरोप; स्वामी प्रसाद के रामचरित मानस पs दिहल बयान के पीछे अखिलेश के हाथ।
  4. उत्तर प्रदेश: लखीमपुर खीरी केस में मुख्य आरोपी आशीष मिश्रा के रिहाई रुकल। कोर्ट SC जमानत के आदेश के मूल कॉपी मंगलस। वकील लगवले रहस इंटरनेट कॉपी।
  5. झारखंड: CM हेमंत सोरेन बूढ़ा पहाड़ डेवलपमेंट प्रोजेक्ट के सुरुआत कइलें। 100 करोड़ रुपिया के बा प्रोजेक्ट।
  6. BBC डॉक्यूमेंट्री पs दिल्ली यूनिवर्सिटी में हंगामा: धारा 144 लागू, कइयन छात्र हिरासत में; एक दिन पहिले हैदराबाद यूनिवर्सिटी में भिड़ल रहे SFI आ ABVP।
  7. नेपाल के सुप्रीम कोर्ट डिप्टी PM रवि लामिछाने के संसद सदस्यता रद्द कइलस, दोहरी नागरिकता के दोषी मानल गइल।
  8. DGCA गो एयर पs लगावल 10 लाख रुपिया जुर्माना: 55 यात्री के बेंगलुरु में छोड़के दिल्ली खातिर उड़ गइल रहे विमान। जांच में पावल गइल कि कम्युनिकेशन में भइल दिक्कत के वजह से ई गड़बड़ी भइल रहे।
  9. परीक्षा पs चरचा में क्रिकेट आ गुगली के जिकिर: PM प्रेशर टाले के मंत्र देले – दर्शक चौका-छक्का चिल्लाला लो बाकिर बैट्समैन गेना देखके शॉट खेलेला।
  10.  भारत U-19 विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप के फाइनल में: न्यूजीलैंड के 8 विकेट से हरवलस, अब इंग्लैंड- ऑस्ट्रेलिया के विजेता से मुकाबला।
445700cookie-checkसांझ के बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.