Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

903
  1. बिहार: RCP सिंह बोललें- अपनही बुनल जाल में फंस गइल मुख्यमंत्री; नालंदा में कहलें – JDU कमजोर ना, बलुक समाप्त हो गइल बा।
  2. बिहार: महागठबंधन में जाये से पहिले RJD से डील भइल रहे: उपेंद्र कुशवाहा बोललें – नीतीश के कमजोर कइल जा रहल बा, बोलावस तs सबकुछ बता देम।
  3. उत्तर प्रदेश: रामचरितमानस पs घमासान: स्वामी प्रसाद मौर्य के जीभ काटके ले आवे पs 10 लाख, भाजयुमो नेता कर्ण सिंह के ऐलान।
  4. यूपी के संभल, मुरादाबाद, अमरोहा आ रामपुर में 2:30 बजे महसूस कइल गइल भूंकप के झटका।
  5. झारखंड: रांची के रतन हाइट अपार्टमेंट में पड़ल दरार के ममिला झारखंड हाईकोर्ट पहुंचल, नगर आयुक्त से कइल गइल शिकायत।
  6. कॉलेजियम पs सुप्रीम कोर्ट Vs सरकार: रॉ आ आईबी के रिपोर्ट्स सार्वजनिक करे पs रिजिजु बोलले -एसे राष्ट्रीय सुरक्षा के खतरा।
  7. श्रद्धा केस में 6 हजार पेज के चार्जशीट दाखिल: दोस्त के घरे गइल श्रद्धा तs गुस्सा में आफताब कइलस 35 टुकड़ा।
  8. दिल्ली-एनसीआर समेत 5 राज्यन में कांपल धरती: 30 सेकेंड तक महसूस भइल झटका, रिक्टर स्केल में 5.8 रहल वैल्यू; नेपाल में रहे भूकंप के केंद्र।
  9. गणतंत्र दिवस परेड में सामिल होई खाली स्वदेशी हथियार: 105mm इंडियन फील्ड गन से दिहल जाई 21 तोपन के सलामी, ब्रहोस-आकाश मिसाइल होई प्रदर्शित।
  10. आईसीसी के वनडे टीम ऑफ द ईयर में 2 गो भारतीय: श्रेयस आ सिराज के मिलल जगह, विमेंस टीम में भारत के तीन खिलाड़ी।
444630cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.