Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुनिया बदले खातिर जादू के ना राम के आदर्शन पs चले के जरूरत— संदीप सिंह

धनुष यज्ञ के मंचन देखे खातिर भारी संख्या में दर्शक रहल लो उपस्थित

1,057

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में हो रहल रामलीला के मुख्य अतिथि ब्लाक प्रमुख प्रतिनिधि संदीप सिंह उर्फ टिंकू, विशिष्ठ अतिथि धनन्जय मण्डी रहल लो। संदीप सिंह पूजा अर्चना के आ फीता काटके रामलीला के सुभारंभ कइलें। आयोजक दिवाकर नाथ तिवारी आ राजेंद्र सिंह रहे लो। अध्यक्ष राकेश यादव, संचालक शैलेश कुमार आ रामसमुज यादव रहे लो।

धनुष यज्ञ रामलीला के मंचन देखे खातिर दर्शकन के बड़ संख्या में भीड़ जुटल। धनुष टूटला के बाद लक्ष्मण परशुराम के बीच भइल तीख व्यंग्यात्मक संवाद के दर्शक लो विभोर होके सुनल। राजा जनक के रंगमहल दरबार के सीता स्वयंवर में आइल, रावण वाणासुर के द्वंदयुद्ध के दौरान दर्शकन में खामोशी बनल रहल। मिथिला नरेश जनक के कठोर प्रण के मोताबिक देस देशांतर से आइल सुर, नर, मुनि, यक्ष, गंधर्व, नाग, असुर आ राजा लोग भगवान शिव के धनुष के उठावे के पूरा प्रयास कइल  लो बाकिर केहूओ बाहुबली राजा शिव धनुष के हिला ना सकल। स्वंयवर में आइल आउर राजा लोगन के हास्य क्रियाकलापन के आनंद उठावल।

मुनि विश्वामित्र महाराज जनक के व्यथा समझके आ शुभ घड़ी जानके राम के धनुष उठावे के आदेस देवेले। गुरु के आज्ञा पाके प्रभु श्रीराम एके झटका में अपना कर कमलन से धनुष के उठा लेत बाड़ें आ प्रत्यंचा चढ़ावते शिव धनुष टूट जाला। आकर्षक आतिशबाजी आ मंगलगीत के बीच श्रीराम सीता के स्वयंवर संपन्न भइल। अचानके तेज गर्जना आ आकाशवाणी के बीच परशुराम क्रोधित होके मिथिला के स्वयंवर में पहुंचत बाड़ें। परशुराम के क्रोध में लक्ष्मण के तीख वचन आग में घी के काम करत बा। एही बीच लक्ष्मण परशुराम के बीच तीख संवाद सुरू हो जाता ।

रामलीला के मनोहारी मंचन में बाल कलाकार राम आ लक्ष्मण के अहम भूमिका निभावल लो। ब्लाक प्रमुख प्रतिनिधि संदीप सिंह कहले कि हमनी के दुनिया के बदले खातिर जादू के जरूरत नइखे, श्री राम के आदर्शन पs चले वाला के जरूरत बा। हमनी के जेतना शक्ति चाहीं ऊ हमनी के पहिलही से अपना भीतर रखत बा लो। हमनी के लगे बेहतर कल्पना करे के शक्ति बा।

एह दौरान ग्राम प्रधान संतोष खरवार, कमलेश गुप्ता, रामजन्म सिंह, सतेंद्र यादव (रावण), धनेश यादव, वृजनथ, विशाल, अभिषेक, राघवेंद्र, अजय, परवल, संतोष सिंह, कोषाध्यक्ष परवेज, सनाउल, रेखा सिंह, साधना गोंड, निसू, खुशी, अंकिता खरवार, आदि लोग उपस्थित रहल।

666050cookie-checkदुनिया बदले खातिर जादू के ना राम के आदर्शन पs चले के जरूरत— संदीप सिंह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.