Tirupati Row: 11 दिन के तपस्या के तहत तिरुपति मंदिर पहुंचले पवन कल्याण

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2024

आंध्र प्रदेश के तिरुपति बालाजी मंदिर के प्रसाद में जानवरन के चर्बी मिलला के बाद राज्य के राजनीति गरम हो गइल बा। एही बीच बुधवार के उपमुख्यमंत्री पवन कल्याण अपना बेटी के संगे तिरुपति मंदिर

Share

आंध्र प्रदेश के तिरुपति बालाजी मंदिर के प्रसाद में जानवरन के चर्बी मिलला के बाद राज्य के राजनीति गरम हो गइल बा। एही बीच बुधवार के उपमुख्यमंत्री पवन कल्याण अपना बेटी के संगे तिरुपति मंदिर के दौरा कइले। एह दौरा में उऽ वाराही घोषणापत्र अपना साथे ले गइलन जवना के एलान उऽ बियफे के एगो बइठक में करीहें। जनसेना एगो विज्ञप्ति में ई जानकारी दिहले बा। बता दीं कि पवन कल्याण पिछला सरकार के कइल पाप के प्रायश्चित करे खातिर 11 दिन के उपवास करे के फैसला कइले रहले। एह तपस्या के बीच उऽ मंदिर के दौरा कइले। उनकर छोट बेटी बतवली कि उनका भगवान वेंकटेश्वर पs विश्वास बा।

पवन कल्याण तिरुपति मंदिर के दौरा कइले

जनसेना कहलस कि, “उपमुख्यमंत्री अउरी जनसेना के अध्यक्ष पवन कल्याण आज तिरुमला श्रीवाड़ी दर्शन कइले। उऽ अपना संगे विराही घोषणापत्र लेके गईले, जवना के उऽ बियफे के बइठक में पढ़िहे।” मंदिर जाए से पहिले पवन कल्याण के छोटकी बेटी पलीना अंजनी कोनिडेला बतवली कि उनुका भगवान वेंकटेश्वर प विश्वास बा। जनसेना जारी विज्ञप्ति में कहली कि, “पलिना अंजनी कोनिडेला भगवान वेंकटेश्वर में आस्था राखेली। जनसेना विज्ञप्ति में आगे कहलस, “पलिना अंजनी कोनिडेला तिरुमाला में श्रीवारी (देवता) के दर्शन के आस्था जाहिर कइली। उऽ टीटीडी स्टाफ द्वारा उपलब्ध करावल गइल दस्तावेजन पs हस्ताक्षर कइले।” हालांकि, पलिना अंजनी नाबालिग बाड़ी, एहिसे उनकर पिता पवन कल्याण दस्तावेजन पs हस्ताक्षर कइले।

बतावल जाता कि डिप्टी सीएम के छोटकी बेटी गैर हिन्दू हई। तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) के नियम में कहल गइल बा कि गैर हिन्दू लोग के मंदिर में जाए से पहिले देवता पs आपन आस्था के कबूल करे के पड़ी। एकरा खातिर ओह लोग के घोषणा पत्र देबे के पड़ी। बता दीं कि इ घोषणा महत्वपूर्ण बा, काहे कि भाजपा के नेता अउरी बहुत हिन्दू मांग कइले रहले कि वाईएसआईसीपी के प्रमुख आ पूर्व सीएम वाईएस जगन मोहन रेड्डी के मंदिर के दौरा रद्द करे से पहिले अइसन घोषणा जारी करे के चाही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.