गोरखपुर: जिला अस्पताल में थाइराइड जांच के मशीन खराब, मरीज परेसान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2024

गोरखपुर। जिला अस्पताल में थाइराइड जांच के मशीन खराब होखला के कारण मरीजन के दिक्कतन के सामना करे के पड़ रहल बा। मरीजन के निजी केंद्रन में जांच खातिर जाये के पड़ रहल बा, जहां

Share

जिला अस्पताल में थाइराइड जांच के मशीन खराब होखला से मरीजन के हो रहल बा परेसानी
  • मशीन के खराबी के कारण हर दिन 400 से ज्यादा मरीज निराश होके लवटे खातिर मजबूर
  • निजी जांच केंद्रन में जांच के फीस जादे होखला के कारण मरीजन के संख्या रहेला बेसी

गोरखपुर। जिला अस्पताल में थाइराइड जांच के मशीन खराब होखला के कारण मरीजन के दिक्कतन के सामना करे के पड़ रहल बा। मरीजन के निजी केंद्रन में जांच खातिर जाये के पड़ रहल बा, जहां ओह लोगन के जादे पईसा देके जांच करावे के पड़ रहल बा। अस्पताल प्रशासन के मोताबिक दु दिन में मशीन ठीक कराके जांच सुरू करा दिहल जाई।

जिला अस्पताल आ महिला अस्पताल के मरीज जिला अस्पताल में थाइराइड के जांच करावे खातिर आवेला लो। निजी केंद्रन पs जांच करवावे में 350 रुपिया से लेके 500 रुपिया तक देवे के पड़ेला। ओहिजा, जिला अस्पताल में ई जांच निशुल्क बा। निशुल्क जांच होखला के कारण आउर जगहन के मरीज इहवां जांच खातिर आवेला लो। एह कारण इहवां हर दिन 400 से जादे मरीजन के थाइराइड के जांच कइल जाला। क्षमता से जादे लोड होखला के कारण आइल दिन मशीन खराब हो जा रहल बा। हार्माेंस, मोटापा, गर्भावस्था, सहित आउर इस्थितियन में डॉक्टर जांच खातिर लिखेला लो। मशीन खराब होखला पs मरीजन के जांच खातिर निजी केंद्रन पs जाये के पड़ रहल बा।

मशीन पs मरीजन के क्षमता से जादे लोड

जिला अस्पताल के एसआईसी डाॅ. राजेंद्र ठाकुर बतवलें कि मशीन पs मरीजन के क्षमता से जादे लोड हो जा रहल बा। जिला अस्पताल के संगही आउर जगहन के मरीज जांच खातिर आवेला लो, एह कारण मशीन के एक दिन में 400 से 500 तक जांच करे के पड़ेला। मशीन के खराब पार्ट के सही करावे खातिर कहल गइल बा। दु दिन में जांच सुरू हो जाई।

इहो पढ़ीं: राज्य स्तरीय खेल-कूद प्रतियोगिता में सोनम आ अंशिका चौरसिया के स्वर्ण पदक पs कब्जा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.