झारखंड विधानसभा के शीतकालीन सत्र के तीसरका दिन: हंगामा के संगे सुरू भइल सदन के कार्यवाही, नियोजन बनल मुद्दा, 12:30 तक खातिर सभा स्थगित

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2023

झारखंड विधानसभा के शीतकालीन सत्र के तीसका दिन हंगामा के संगे सुरू भइल। सदन के कार्यवाही निर्धारित समय पs सुरू भइल। कार्यवाही के सुरुआत में भाजपा के विधायक भानू प्रताप शाही नियोजन के मुद्दा उठवलें।

Share

झारखंड विधानसभा के शीतकालीन सत्र के तीसका दिन हंगामा के संगे सुरू भइल। सदन के कार्यवाही निर्धारित समय पs सुरू भइल। कार्यवाही के सुरुआत में भाजपा के विधायक भानू प्रताप शाही नियोजन के मुद्दा उठवलें। ऊ कहलें कि जेएसएससी कार्यालय के बाहर छात्र आंदोलन कs रहल बा लो। ई सरकार झूठ बोलके आइल बिया। एही दौरान विधायक प्रदीप यादव सदन में संसद से सांसदन के निलंबित करे के ममिल उठवलें। ऊ एकरा खिलाफ सदन में निंदा प्रस्ताव ले आवे के बात कहलें।

प्रश्नकाल के हंगामा काल कs दिहल जाव

सदन के कार्यवाही के दौरान विपक्ष के हंगामा के लेके स्पीकर नाराजगी जतवलस। ऊ कहलें कि विपक्ष जदि हंगामा कइल चाहता बा तs काहे ना प्रश्नकाल के हंगामा काल कs दिहल जाव। एह दौरान विपक्ष के हंगामा जारी रहे। भाजपा विधायक फेर से वेल में पहुंचल लो। विपक्ष के हंगामा के देखत सदन के कार्यवाही दुपहरिया 12:30 तक खातिर स्थगित कs दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.