बिग बॉस ओटीटी में एह कंटेस्टेंट्स लो के मिलल एंट्री, अनिल कपूर लेले सलमान खान के जगहा 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2024

BIG BOSS OTT: टीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो बिग बॉस के ओटीटी (ओवर द टॉप) के सीजन 3 के शुरुआत हो चुकल बा। अबकी बिग बॉस ओटीटी सीजन- 3 में एक से बढ़ के एक

Share

BIG BOSS OTT: टीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो बिग बॉस के ओटीटी (ओवर द टॉप) के सीजन 3 के शुरुआत हो चुकल बा। अबकी बिग बॉस ओटीटी सीजन- 3 में एक से बढ़ के एक कंटेंस्टेंट्स आइल बाड़न। बिग बॉस के घर में कुल 16 कंटेस्टेंट लो एंट्री लेले बा। आई जानल जाव उनका बारे में…

ई रहल कंटेस्टेंट्स के नाम

बिग बॉस के ओटीटी सीजन 3 में अबकी शो के मेजबानी अनिल कपूर कर रहल बाड़े। जवन 16 कंटेंस्टेंट्स बिग बॉस के घर में आपन जगह बनवले बाड़न ओमें चंद्रिका दीक्षित, (जवन वड़ा पाव गर्ल के नाम से फेमस बाड़ी)  अरमान मलिक, कृतिका मलिक, पायल मलिक, पौलमी दास, सना सुल्तान, साई केतन राव, लव कटारिया, नीरज गोयत, शिवानी कुमारी, रैपर नावेद शेख, विशाल पांडे आ पत्रकार दीपक चौरसियो के नाम शामिल बा।

अनिल कपूर लेले सलमान खान के जगह

बिग बॉस ओटीटी- 3 के शुरुआत 21 जून से हो चुकल बा। पहिला बेर शो के मेजबानी अनिल कपूर कर रहल बाड़े। अनिल कपूर सलमान खान के जगह लेले बाड़े। फैंस के उनकर अंदाज काफी पसंद आ रहल बा। पहिला बेर शो के मेजबानी कर रहल अनिल कपूर एकरा के एगो चुनौती के रूप में स्वीकार कइले बाड़े।

दर्शकन के हो रहल बा मनोरंजन

अलग-अलग क्षेत्रन से अभिनेता, पत्रकार आ कंटेंट क्रिएटर अबकी  बिग बॉस ओटीटी 3 के सदस्य बनल बाड़े। ई सदस्य अलग-अलग तरीकन से दर्शकन के मनोरंजन करे में लागल बाड़े। केहू लड़ाई- झगड़ा कऽ के तऽ केहू आपन दोस्ती कायम कऽ के दर्शकन के ध्यान आकर्षित करे के कोशिश में लागल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.