गोरखपुर यूनिवर्सिटी आ द मेरियन फाउंडेशन के बीच होई MOU : मेधावी छात्रा लोगन आ बास्केटबॉल खिलाड़ियन के मिली मदद, सुरू होई एल्युमिनाई मेंटर प्रोग्राम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2024

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी आ द मेरियन फाउंडेशन के बीच MOU करार होई। एकरा तहत संस्था यूनिवर्सिटी के तीन मेधावी छात्रा लोगन के हर साल स्कॉलरशिप दी। एमे ओह लोगन के पढ़ाई-लिखाई से संबंधित सब

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी आ द मेरियन फाउंडेशन के बीच MOU करार होई। एकरा तहत संस्था यूनिवर्सिटी के तीन मेधावी छात्रा लोगन के हर साल स्कॉलरशिप दी। एमे ओह लोगन के पढ़ाई-लिखाई से संबंधित सब तरे के सुविधाएं मुहैया करावल जाई। फेलोशिप खातिर ग्रेजुएशन के छात्रा लोगन के चयन कइल जाई। द मेरियट फाउंडेशन ट्रस्ट के संस्थापक निर्मला मैरियन चंद्रा गोरखपुर यूनिवर्सिटी में 1960 बैच के एल्युमिनाई या बास्केटबॉल प्लेयर रहल बाड़ी।

संस्था स्कॉलरशिप के संगही यूनिवर्सिटी के महिला बास्केटबॉल प्लेयर्स खातिर द मेरियन फाउंडेशन फेलोशिप प्रोग्राम सुरू करे के प्रस्ताव देले बिया। एमे खिलाड़ियन के खेल से संबंधित सब सुविधा मुहैया करावल जाई। एकरा संगे नेशनल आ इंटरनेशनल कॉम्पिटिशन में प्रतिभाग करे खातिर संस्था खिलाड़ियन के पूरा सहजोग करी।

कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि जल्दिये संस्था के संगे करार के प्रक्रिया पूरा कs लिहल जाई। एसे मेधावी छात्रा लोगन के संगही महिला बास्केटबॉल खिलाड़ियन के बहुते मदद मिली। ओह लोगन के आर्थिक तौर पs परेसान ना होखे के पड़ी।

पूर्व छात्रन खातिर सुरू होई एल्युमिनाई मेंटर प्रोग्राम

द मेरियन संस्था DDU के संगे MOU कs के पूर्व छात्रन खातिर द मेरियन एल्युमिनाई मेंटर प्रोग्राम सुरू करी। एकरा तहत यूनिवर्सिटी में पढ़ रहल छात्रन आ पूर्व छात्रन के बीच संवाद बनावे खातिर प्लेटफार्म मुहैया करावल जाई। ई संस्था यूनिवर्सिटी के एल्युमिनाई के एगो नेटवर्क बनावे के काम करी आ इहां पढ़ रहल छात्रन के सलाह आ मार्गदर्शन दिलावे में मदद करी, जवना से ओकर एकेडमिक, प्रोफेशनल आ पर्सनल डेवलपमेंट हो सके।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.