Platform Ticket खातिर लमहर कतार में लागे के नइखे जरूरत, UTS App से चुटकी में बुक हो जाई टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2024

भारतीय रेलवे यात्री के संगे-संगे परिवार के लोग के सुविधा देवे खातिर यूटीएस ऐप लॉन्च कइले बिया। एह ऐप के मदद से रउआ आसानी से प्लेटफार्म के टिकट आ सामान्य टिकट ऑनलाइन बुक कऽ सकऽ

Share

भारतीय रेलवे यात्री के संगे-संगे परिवार के लोग के सुविधा देवे खातिर यूटीएस ऐप लॉन्च कइले बिया। एह ऐप के मदद से रउआ आसानी से प्लेटफार्म के टिकट आ सामान्य टिकट ऑनलाइन बुक कऽ सकऽ तानी। आज हम के बताइब कि यूटीएस ऐप पs रउआ कइसे टिकट बुक कऽ सकेनी। एकरा अलावा भारतीय रेलवे के कवन ऐप पs कवन-कवन सुविधा उपलब्ध बा?

भारतीय रेलवे ट्रेन में सफर करेवाला यात्रियन के परिवार के संगे देखभाल करेले। भारतीय रेलवे के नियम के मोताबिक जदी आप अपना कवनो रिश्तेदार खातिर ट्रेन में चढावे स्टेशन पs जाईब तऽ प्लेटफार्म के टिकट खरीदे के होई। रेलवे स्टेशन पs अक्सर ई देखल जाला कि प्लेटफार्म टिकट खातिरो लमहर कतार लागल बा।

अइसना में लमहर लाइन खतम करे खातिर भारतीय रेलवे यूटीएस ऐप लॉन्च कइले बा। एह ऐप के मदद से रउआ मिनट में आसानी से ऑनलाइन टिकट खरीद सकऽ तानी। प्लेटफार्म टिकट के संगे-संगे सामान्य टिकटो ए ऐप से खरीदल जा सकऽता।

टिकट बुक करे के प्रक्रिया (How to book ticket through UTS App)

  • सबसे पहिले अपना मोबाइल फोन में UTS App इंस्टॉल करीं।
  • अब होम पेज पs जाके रजिस्ट्रेशन चुनीं।
  • एकरा बाद इहाँ रउआ नाम, मोबाइल नंबर, डीओबी, लिंग आदि जइसन विवरण देवे के होई।
  • अब मोबाइल पs मिलल ओटीपी डालला के बाद लॉग इन करीं।
  •  एकरा बाद रउरा अपना पसंद के हिसाब से टिकट बुक करीं।
  • प्लेटफार्म टिकट बुक करे खातिर स्टेशन के नाम चुने के पड़ी आ ओकरा बाद आपन वॉलेट रिचार्ज कऽ के भुगतान आसानी से करे के पड़ी।
  • भुगतान कइला के बाद राउर टिकट शो टिकट में देखावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.