पूरी दुनिया आयुर्वेदिक चिकित्सा पs विश्वास जता रहल बिया -काली प्रसाद

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2023

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। आरोग्य भारती के तत्वावधान में रेड रोज कॉन्वेंट स्कूल लार रोड देवरिया जिला में निशुल्क जांच आ चिकित्सा आउर योग आ आयुर्वेद के शिविर आयोजित कइल गइल। शिविर में मुख्य रूप

Share

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। आरोग्य भारती के तत्वावधान में रेड रोज कॉन्वेंट स्कूल लार रोड देवरिया जिला में निशुल्क जांच आ चिकित्सा आउर योग आ आयुर्वेद के शिविर आयोजित कइल गइल। शिविर में मुख्य रूप से भारतीय जनता पार्टी के पूर्व विधायक काली प्रसाद कहलें कि आज समूचा दुनिया आयुर्वेदिक चिकित्सा पs विश्वास जता रहल बिया आ लोग योग आ आयुर्वेद के मुरीद हो रहल बा।

आरोग्य भारती के प्रांतीय उपाध्यक्ष डॉ. अजीत नारायण मिश्र पूर्व जिला उपाध्यक्ष भाजपा देवरिया कहलें कि आज आरोग्य भारती के तत्वावधान में देवरिया के समस्त विकास खंड में भारतीय संस्कृति पर आधारित योग आ आयुर्वेद के शिविर आ स्वस्थ्य जीवन शैली विषयक गोष्ठी के आयोजन कइल जा रहल बा। जिला पंचायत सदस्य अरविंद कुमार पांडेय कहलें कि आरोग्य प्रदान करे खातिर के एह तरे के शिविरन के आयोजन स्वास्थ्य क्षेत्र में महत्वपूर्ण डेग बा। संगठन कावर से एह तरे के कार्यक्रम कइल सराहे जोग बा।

जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी कहलें कि आज समूचा दुनिया आयुर्वेद आ योग के तरफ देख रहल बिया। पूरा विश्व में आयुर्वेद आ योग के प्रति लोग तेजी से जुड़ रहल बा एह चिकित्सा पद्धति के मुरीद हो रहल बा। एह तरे के आयोजनन से लोगन में अपना स्वास्थ्य के प्रति जागरूकता बढ़ी आ लोग अपना स्वास्थ पs धेयान दिहल सुरू कs दी।

एह शिविर में जादे से जादे संख्या में पेट आ नेत्र रोग के मरीज मिलल। ओह लोगन के जांच कs के निःशुल्क दवा वितरित कइल गइल। शिविर में अलग-अलग रोगन के विशेषज्ञ चिकित्सक भाग लिहल लो। शिविर में करीब 250 रोगियन के मुफ्त में इलाज कइल गइल। शिविर में सवेरा हॉस्पिटल देवरिया के सहजोग रहल। शिविर के आयोजक डॉ. अमरीश चंद्र कौशिक सब आगंतुकन के प्रति आभार प्रकट कइलें। एह अवसर पs योग प्रशिक्षक धर्मेश कुमार पांडे रोग के मोताबिक योगाभ्यास करवलें।

एह मवका पs आरोग्य भारती के जिला कोषाध्यक्ष डॉ. एस एस सिंह राजकीय आयुर्वेदिक चिकित्सालय लार रोड के श्रीरामगणेश शर्मा लार सामुदायिक केंद्र लार के डॉ. मंजू तिवारी डॉ. जगदीश प्रसाद, विनोद आनंद मिश्रा, जेपी यादव, राखी सिंह, चंद्र प्रकाश सिंह, पंचानन सिंह, शिव कुमार, कुश प्रजापति, वर्षा सिंह, अभिनव चंद, शौर्य राज, दीपक कुशवाहा, संदीप,  शिवकुमार यादव आदि उपस्थित रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.