‘देश के पिता ना देश के लाल होले’,कंगना रनौत के पोस्ट पऽ खिसिआइल कांग्रेस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2024

कांग्रेस नेता राज कुमार वर्मा कंगना के एह पोस्ट पs तीखा प्रतिक्रिया देले बाड़े। उ कहले बाड़े कि ‘कंगना रनौत बेर-बेर राष्ट्र विरोधी बात कहतारी।’ उनका खिलाफ देशद्रोह के मामला दर्ज होखे के चाही। भाजपा

Share

कांग्रेस नेता राज कुमार वर्मा कंगना के एह पोस्ट पs तीखा प्रतिक्रिया देले बाड़े। उ कहले बाड़े कि ‘कंगना रनौत बेर-बेर राष्ट्र विरोधी बात कहतारी।’ उनका खिलाफ देशद्रोह के मामला दर्ज होखे के चाही। भाजपा कुछ नइखे करत। एक ओर पीएम गांधीजी के फूल चढ़ावतारे तऽ दोसरा ओर भाजपा के सांसद गांधीजी के खिलाफ अइसन बात कहतारे, कंगना पs कड़ा कार्रवाई होखे के चाही।

भाजपा सांसद आ अभिनेत्री कंगना रनौत के सोशल मीडिया पोस्ट पs विवाद हो गइल बा। गांधी जयंती के मौका पs कंगना एगो पोस्ट पोस्ट कऽ के कहले बाड़ी कि देश के पिता ना देश के लाल होले। धन्य बाड़न भारत माई के ई सपूत। एकरा संगे-संगे कंगना देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के तस्वीरो पोस्ट कइले बाड़ी।  कांग्रेस नेता कंगना के एह पोस्ट पs प्रतिक्रिया देले बाड़े। कांग्रेस नेता राज कुमार वर्मा कंगना के खिलाफ देशद्रोह के मामला दर्ज करावे के बात कहले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.