Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

48 घंटा में 40 डिग्री के पार पहुंची पारा: बिहार में सताई उमस भरल गरमी; 24 घंटा में शेखपुरा रहल सबसे गरम

202

बिहार में अप्रिल महीना में लगातार बरखा के चलते लोगन के गरमी से राहत मिलल रहे, बाकिर अब फेर से गरमी सताई। बिहार में साइक्लोन सर्किल के प्रभाव खतम हो चुकल बा। जवना से आवे वाला 5 दिन तक मौसम शुष्क रहला के आसार बा। ओकरा बाद एमे बदलाव होई। राज्य में 48 घंटा के बाद दिन के तापमान 40 के करीब आ रात के तापमान 25 डिग्री के करीब रही।

एह दौरान बिहार के अधिकांश हिस्सन में आसमान में बादल छाइल रही आ दिन में तेज धूप होई। एसे उमस भरल गरमी के एहसास होई। मौसम विभाग के मोताबिक साइक्लोन सर्किल के प्रभाव बिहार आ उत्तर प्रदेश के तटवर्ती क्षेत्रन से होते छत्तीसगढ़ के ओर जा रहल बा। एकरा चलते मौसम में फेर से बदलाव होई। बीतल 24 घंटा में शेखपुरा जिला सबसे गरम रहल।

शेखपुरा रहल सबसे गरम

मौसम विभाग भीषण गरमी के पूर्वानुमान जतवले बा। बीतल 24 घंटा में शेखपुरा जिला अधिकतम तापमान 37.5 डिग्री सेल्सियस के संगे सबसे गरम रहल। ओहिजा राजधानी पटना के अधिकतम तापमान 33 डिग्री सेल्सियस रहल।

बियफे के बात करीं तs पटना सहित राज्य के अधिकतर जिलन में बादल छाइल रहल। एह दौरान बक्सर, गोपालगंज, सीवान, दरभंगा, वैशाली, मुजफ्फरपुर खातिर दिन में आंधी-पानी के अलर्ट जारी कइल गइल बा।

पटना में सबेरही से बादल छाइल रहल, बाकिर जइसे-जइसे समय बीतल घाम चढ़त गइल। दुपहरिया में हल्का हवा के बादो घाम के वजह से लोग गररमी महसूस कइल।

आउर जिलन के तापमान

भोजपुर के 34.3 डिग्री, बक्सर के 36.5 डिग्री, औरंगाबाद के 32.9 डिग्री, गया के 35 डिग्री, नवादा के 33.3 डिग्री, वैशाली के 31.3 डिग्री, मुजफ्फरपुर के 28.8 डिग्री, जमुई के 35.5 डिग्री, बांका के 31.5 डिग्री, भागलपुर के 35.6 डिग्री, कटिहार के 36.2 डिग्री, एकरा संगही किशनगंज, सुपौल, पूर्वी चंपारण, सहित आउर जिलन के तापमान 40 डिग्री के नीचे दर्ज कइल गइल।

537060cookie-check48 घंटा में 40 डिग्री के पार पहुंची पारा: बिहार में सताई उमस भरल गरमी; 24 घंटा में शेखपुरा रहल सबसे गरम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.