Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शख्स चिपैंज़ी के आपन हाथ से पिअइले पानी, फेरु जानवर अइसे चुकवलस बदला, आनंद महिंद्रा शेयर कइले Video

रउआ चिपैंज़ी के वीडियो देखले होखब, जवना में उ फोटोग्राफर से पानी पीये में मदद मांगता।

806

 

अगर रउआ सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs सक्रिय बानी त रउआ एगो चिपैंज़ी के वीडियो देखले होखब जवन पानी पीये खातिर फोटोग्राफर से मदद मांगत बा। ओकरा बाद जानवर भी ओकर हाथ धोवलस। आनंद महिंद्रा वीडियो के शेयर कईले अवरू उनुका लगे एगो महत्वपूर्ण संदेश रहे जवन कि उनुका फॉलोअर्स तक पहुंचावे के रहे।

वीडियो में देखावल गइल बा कि कइसे चिपैंज़ी फोटोग्राफर से पानी पीये में मदद करे के निहोरा कइलस आ ओकरा बाद पानी पियला के बाद जानवर बदला में ओकर हाथ धो दिहलस। महिंद्रा ग्रुप के चेयरमैन बतवले कि ई नियम रउरा ऑफिस खातिर भी एके जइसन बा। अगर रउरा अपना समुदाय आ काम पs अपना सहकर्मी लोग के मदद करीं त जरूरत पड़ला पs ओह लोग के मदद मिल जाई।

आनंद महिंद्रा लिखले बाड़न कि ई क्लिप पिछला हफ्ता पूरा दुनिया में वायरल हो गइल रहे। अफिरका के कैमरून में एगो चिंपैंजी पानी पीये खातिर फोटोग्राफर से मदद मंगलस; फेर धीरे से ओकर हाथ धो के ओकर अहसान चुकवलस…

एगो उपयोगी व्यावहारिक सीख: अगर रउआ सफल होखे के चाहत बानी त अपना समुदाय आ काम में लोग के मदद आ समर्थन करीं, आ बदला में, रउआ ओह लोग के समर्थन मिली।

 

629430cookie-checkशख्स चिपैंज़ी के आपन हाथ से पिअइले पानी, फेरु जानवर अइसे चुकवलस बदला, आनंद महिंद्रा शेयर कइले Video

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.