उत्‍तराखंड में चर्चा के केंद्र बनल हिंदू लइकी आ मुस्लिम लइका के प्‍यार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2024

उत्तराखंड में हिन्दू लइकी आ मुसलमान लइका के बीच प्यार उमड़ गइल बा आ अब दुनो लोग बियाह करे पs अड़ल बाड़े। एह खबर से हिन्दू संगठनन में आक्रोश फइल गइल आ पुलिस चौकी में

Share

उत्तराखंड में हिन्दू लइकी आ मुसलमान लइका के बीच प्यार उमड़ गइल बा आ अब दुनो लोग बियाह करे पs अड़ल बाड़े। एह खबर से हिन्दू संगठनन में आक्रोश फइल गइल आ पुलिस चौकी में हंगामा मच गइल। पुलिस दुनो प्रेमी-प्रेमिका के सुरक्षा में लेके बयान दर्ज कऽ लेले बिया। दुनु जाना बियाह करे पs अड़ल बाड़े।

जब प्रेमी जोड़ा बियाह के जिद कईले तऽ हिन्दू संगठन के लोग में नाराजगी फइल गइल। पुलिस चौकी डोरहा में हंगामा मचवले। पुलिस सक्रियता देखवलस आ प्यार करेवाला जोड़ा के सुरक्षा के तहत ले गइल आ ओ लोग के बयान दर्ज कऽ देलस। दुनु जाना बियाह करे पs अड़ल बाड़े।

पुलिस चौकी डोरहा इलाका के लइकी बिना सूचना दिहले घर से निकल गइल। परिजन जब जांच कइले तऽ पता चलल कि लइकी गदरपुर इलाका के मुस्लिम समुदाय के एगो युवक के संगे गइल बिया। दुनु जने कोर्ट बियाह के तइयारी में लागल बाड़े। घटना के जानकारी मिलते हिन्दू संगठन आ गांव के लोग नाराज हो गइले।

विश्व हिन्दू परिषद के गउ संरक्षण विभाग के प्रांतीय मंत्री यशपाल राजहंस के नेतृत्व में लोग पुलिस चौकी पs हंगामा मचवले आ लइकी के घरे भेजे करे के मांग कइले। चौकी प्रभारी सुरेंद्र सिंह कवनो तरह से जनता के शांत कइले। पुलिस प्रशासनो तुरंत सक्रिय हो गइल अउरी दुनो के खोजबीन शुरू कऽ देलस।

गदरपुर इलाका से दुनों के पुलिस बरामद कऽ लेलस। दुनु जने कोर्ट बियाह के तइयारी करत रहले। जवना खातिर आवेदनो दिहल गईल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.