वीडियो: लइकी रोवत अइसन बात कहलस, भइल Video वायरल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2024

सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs रोज कुछ ना कुछ वायरल हो जाला. रउरा सोशल मीडिया प्लेटफार्म के इस्तेमाल करत होखब आ वायरल वीडियो आ फोटो देखत होखब. लड़ाई, डांस के अलावा जुगाड़, स्टंट, रील आदि के

Share

वीडियो

सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs रोज कुछ ना कुछ वायरल हो जाला. रउरा सोशल मीडिया प्लेटफार्म के इस्तेमाल करत होखब आ वायरल वीडियो आ फोटो देखत होखब. लड़ाई, डांस के अलावा जुगाड़, स्टंट, रील आदि के वीडियो भी वायरल हो जाला। बाकिर अब एगो अलग मजेदार वीडियो वायरल हो रहल बा। वीडियो में एगो लईकी रोवत अवुरी आपन नाराजगी देखावत देखाई देत बिया। बाकिर वीडियो के अंत में उs जवन कहलस ओकरा चलते वीडियो वायरल होखता।

वायरल वीडियो में का देखल गइल?

अब जवन वीडियो वायरल हो रहल बा ओहमें देखल जा रहल बा कि एगो लइकी खिसियाइल बिया आ उहो रोवत बिया. रोवत-रोवत आपन बात कह रहल बिया। लईकी कहत बिया कि हमरा मालूम रहे कि तू अयीसन करब। सुनले रहनी, सब सुनले रहनी। बाकिर आखिर में ऊ कहत बाड़ी कि हमरा कान बा, हम आन्हर नइखीं. आ बस एही लाइन के चलते सोशल मीडिया पs वीडियो वायरल हो रहल बा.

https://twitter.com/shanayaVerse/status/1869043202013134990

इहो पढ़ीं: अखुरथ संकष्टी व्रत के रावण से बा गहिरा रिश्ता, पढ़ीं व्रत कथा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.