Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोहरा के नाकाम कs रहल बा डिवाइस, नइखे धीमा पड़ रहल ट्रेन के रफ्तार

120

जीपीएस आधारित फॉग सेफ डिवाइस लगावल गइल बा त घन कोहरा ट्रेन के रफ्तार के धीमा नइखे कs पा रहल बा। एह डिवाइस के चलते कोहरा के दौरान ट्रेन के औसत गति बढ़ गइल बा। एह बरिस कोहरा में ट्रेन के समय पालन 80 फीसदी बा जबकि पिछले साल 65 फीसदी रहल।

पूर्वोत्तर रेलवे के सब एक्सप्रेस ट्रेन में फॉग सेफ डिवाइस लगावल गइल बा। एकर बेहतर असर दिखे लागल बा। 10-12 घंटा ले देरी से पहुंचे वाली ट्रेन अउर चार से पांच घंटा के देरी से पहुंच रहल बा।

पहिले दिल्ली से आवे वाली वीआईपी ट्रेन में शामिल गोरखधाम एक्सप्रेस, वैशाली एक्सप्रेस अउर हमसफर एक्सप्रेस जइसन ट्रेन घन कोहरा के वजह से 10 से 15 घंटा तक के देरी से पहुंचत रहल। कब्बो-कब्बो ई ट्रेन 24 घंटा ले लेट हो जाले। एह कारण इनकर संचालन एक फेरा खातिर निरस्त भी करे के पड़त रहे। ट्रेन में फॉग सेफ डिवाइस लग गइले के बाद एह साल अइसन नाइ हो रहल ट्रेन अधिकतम पांच घंटा के देरी से आइल बा। निरस्त होने की नौबत नहीं आई।

कहां, केतना फॉग डिवाइस आवंटित

मंडल                        संख्या

लखनऊ                      315
इज्जतनगर                   266
वाराणसी                     384

75 किमी से बेसी नाइ होई ट्रेन के रफ्तार

कोहरा में फॉग सेफ डिवाइस के साथ ट्रेन के अधिकतम गति सीमा निर्धारित बा। ट्रेन 75 किमी प्रति घंटा से अधिक रफ्तार से चली। एकरे अलावा रेलवे स्टेशन, क्रासिंग अउर सिग्नल पर पारंपरिक नियम अउर संसाधनों के भी लागू कइल गइल बा।

का ह फॉग डिवाइस

फॉग सेफ डिवाइस एगो बैटरी ऑपरेटेड यंत्र ह, जेके ट्रेन के इंजन में रखल जाला। एहमें जीपीएस के भी सुविधा होला। एह यंत्र में एगो वायर वाला एंटीना होला, जेके इंजन के बाहरी हिस्सा में लगावल जाला। ई एंटीना एह डिवाइस में सिग्नल के रिसीव करे खातिर लगावल जाला।। एहमें मेमोरी चिप लागल होला जेमें रेलवे के रूट फिक्स होला।

लेवल क्रासिंग, जनरल क्रासिंग, रेलवे स्टेशन के जानकारी फीड रहsला। एकरे जरिए आगे पड़े वाले सिग्नल चाहे लाइन के जानकारी मिलत रहsला। ई डिवाइस लोको पायलट के तीन किलोमीटर पहिले आगे आवे वाले सिग्नल के जानकारी देला। साथही सिग्नल से 500 मीटर पहिले संदेश देहल शुरू कs देला।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह कहनें कि पूर्वोत्तर रेलवे में सब ट्रेन में फॉग सेफ डिवाइस के उपलब्धता सुनिश्चित कइल गइल बा। एह जीपीएस आधारित डिवाइस के उपयोग से संरक्षा के संगे समय पालन में भी सुधार भइल बा।

432670cookie-checkकोहरा के नाकाम कs रहल बा डिवाइस, नइखे धीमा पड़ रहल ट्रेन के रफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.