भगवान राम के प्राण प्रतिष्ठा से देस, प्रदेश में खुशहाली आई – डीएम अखण्ड प्रताप सिंह

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 23, 2024

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। अयोध्या के तरे 22 जनवरी के ग्राम पंचायत टीकर में इस्थित 100 बरिस श्रीराम जानकी मंदिर हनुमान, लक्ष्मण आ नंदी के प्राण प्रतिष्ठान कs के राजदरबार के स्थापना कइल गइल। 100 साल

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। अयोध्या के तरे 22 जनवरी के ग्राम पंचायत टीकर में इस्थित 100 बरिस श्रीराम जानकी मंदिर हनुमान, लक्ष्मण आ नंदी के प्राण प्रतिष्ठान कs के राजदरबार के स्थापना कइल गइल।

100 साल पहिले ई मंदिर घास फुस के झोपड़ी से निकालके ग्रामीणन के सहजोग से प्रभु राम जानकी के मंदिर बनावल गइल। सन 2011-12 में डॉक्टर ऋषिमुनि दुबे जनसहयोग से मंदिर के नींव रहल, जवन अब पूर्ण रूप से बनके तइयार हो गइल बा। 22 जनवरी के शुभमुहूर्त पs मंदिर में बनल राम दरबार जेमे हनुमान, लक्ष्मण आर नंदी के प्राण प्रतिष्ठा कइल गइल। जवना के मुख्य पुजारी बैकुंठपुर के मुख्य पुजारी अखिलेश पांडेय सहित चार आउर आचार्यन आ यजमन मयंक दुबे, अनुराधा दूबे मंदिर के पुजारी राममनोहर दास, जय प्रकाश दुबे कावर से दु बजे सम्पन्न भइल।

विशिष्ट अतिथि विधायक दीपक मिश्रा शाका, ब्लॉक प्रमुख प्रतिनिधी संदीप सिंह टिंकू कहलें कि पूरा देस राममय हो गइल बा। हमनी सब केहू सौभाग्यसाली बानी सs जे आज हमनी के जिनगी में ई क्षण आइल बा।

मुख्य अतिथि डीएम अखण्ड प्रताप सिंह कहलें कि जवन गौरव अयोध्या खातिर आइल बा, ओहि क्षण में टीकर खातिर आइल बा। आज इहां राम दरबार के प्राण प्रतिष्ठा कइल गइल बा। हमनी के आशा करत बानी सs कि राम के किरपा से इहां सब ओर सुख आ सान्ति व्याप्त होखे। मयंक दुबे सब अतिथि लोगन के धन्यवाद देलें।

एह कार्यक्रम में मुख्य रूप से कांग्रेस जिला अध्यक्ष रामजी गिरी, हिंदू युवा वाहिनी के अध्यक्ष प्रमोद मिश्रा, नित्यानंद दुबे, आर्यन दुबे, दिशा दुबे, जन्मेजय, पूर्णिमा दुबे, रामाशंकर दुबे, सुनील दुबे, राहुल मल्ल, शिवम पांडे, ग्राम प्रधान रिंकी देवी, राजकुमार गोंड, युगेश कुमार आदि मवजूद रहे लो। P

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.