धुंध से घिरल राजधानी, आंख में जलन अउर सांस में जकड़न जइसन समस्या से लोग परेशान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2022

सर्दी के आगमन के संगे-संगे खराब वायु गुणवत्ता के संगे दिल्ली आजु धुंध के चपेट में आ गइल। दिल्ली के वायु गुणवत्ता आजु सुबह एक्यूआई (वायु गुणवत्ता सूचकांक) 332 होखले के साथ ‘बहुत खराब’ श्रेणी

Share

सर्दी के आगमन के संगे-संगे खराब वायु गुणवत्ता के संगे दिल्ली आजु धुंध के चपेट में आ गइल। दिल्ली के वायु गुणवत्ता आजु सुबह एक्यूआई (वायु गुणवत्ता सूचकांक) 332 होखले के साथ ‘बहुत खराब’ श्रेणी में बा। प्रदूषण के चलते लोग के गला में खरास, आंख में जलन अउर सांस में जकड़ने जइसन समस्या के लोग के सामना करे के पड़ रहल बा।

दिल्ली में सुक्क के दक्षिण-पश्चिम/दक्षिण-पूर्व दिशा से चलल हल्का हवा से प्रदूषण में मामूली गिरावट दर्ज भइल। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के अनुसार सुक्क के दिल्ली के प्रदूषण स्तर 352 दर्ज कइल गइल। जौन, बियफ़े के मुकाबले 16 अंक कम रहल। सुक्क के ग्रेटर नोएडा में दिल्ली से अधिक प्रदूषण दर्ज कइल गइल, जबकि एनसीआर के अन्य जगह पर दिल्ली से प्रदूषण कम रहल।

बोर्ड के अनुसार सनीचर के हवा के रुख में बदलाव होई अउर ई दक्षिण-पूर्व/उत्तर-पश्चिम दिशा से चली। सुबह हल्लुक धुंध रही। अतवार के बेयार के रुख में बदलाव होई अउर उत्तर-पश्चिम दिशा से चल सकता। बेयार के रुख में बदलाव से प्रदूषण स्तर में सुधार होखले के संभावना बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.