चीन में भयानक लैंडस्लाइड, चार लोगन के भइल मउत, 17 लोग मलबा में फंसले

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2025

दक्षिण पश्चिम चीन में भूस्खलन के चलते चार लोग के मउत हो गईल बा। एह घटना में 17 लोग मलबा में फंसल बाड़े। राहत आ बचाव के काम हो चुकल बा। चीन के दक्षिण-पश्चिम क्षेत्र

Share

दक्षिण पश्चिम चीन में भूस्खलन के चलते चार लोग के मउत हो गईल बा। एह घटना में 17 लोग मलबा में फंसल बाड़े। राहत आ बचाव के काम हो चुकल बा।


चीन के दक्षिण-पश्चिम क्षेत्र से एगो दुखद खबर आ रहल बा। इहाँ गुइसोउ प्रांत के एगो ग्रामीण इलाका में अचानक भूस्खलन भईल बा। भूस्खलन के चलते बहुत लोग मलबा में फंस गईले। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक चार लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 17 लोग अबे ले मलबा में फंसल बतावल जाता। मौका पs राहत आ बचाव के काम हो रहल बा। भूस्खलन के बाद कई इलाका में बिजली भी बंद हो गईल बा। बता दीं, पूरा इलाका में बरखा हो रहल बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.