देवरिया: विद्यार्थियन के अच्छा अंक ले आवे में सहजोग करे वाला शिक्षकन के भइल सम्मान

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2024

देवरिया के पी डी एकडमी में एगो समारोह के आयोजन कs के सीबीएसई बोर्ड के दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा में उत्कृष्ट प्रदर्शन करे वाला विद्यार्थियन के संगे शिक्षकन के सम्मानित कइल गइल। समारोह के

Share

देवरिया के पी डी एकडमी में एगो समारोह के आयोजन कs के सीबीएसई बोर्ड के दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा में उत्कृष्ट प्रदर्शन करे वाला विद्यार्थियन के संगे शिक्षकन के सम्मानित कइल गइल।

समारोह के मुख्य अतिथि देवरिया के चेयरमैन नंद लाल जयसवाल रहलें। चेयरमैन अंग्रेजी में विद्यार्थियन के बढ़िया अंक देखके अंग्रेजी के अध्यापक नित्यनंद दूबे के सील्ड आ 5100 रुपिया देके सम्मानित कइलें। नित्यानंद दुबे कहलें कि ई सम्मान हमनी के विद्यार्थियन के लगन आ कठिन मेहनत के परिणाम हs।

एह दौरान प्रधानाचार्य नंदगोपाल पांडेय सब विद्यार्थियन, ओह लोगन के अभिभावकन आ स्कूल स्टाफ के बधाई देत बतवलें कि पिछला कइयन बरिसन से स्कूल के परिणाम बहुते अच्छा रहल बा।

समारोह में एकेडमी के सब शिक्षक आ विद्यार्थियन के संगे क्षेत्र के जानल-मानल लोग मवजूद रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.