बिहार: टीचर्स के सक्षमता परीक्षा 2.0 स्थगित :बोर्ड कहलस- जल्दिये होई नया तारीख के ऐलान 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 22, 2024

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति सक्षमता परीक्षा-2.0 के स्थगित कs देले बा। एह संबंध में बोर्ड के ओर से नोटिस जारी कइल गइल बा। 26 से 28 जून तक परीक्षा के आयोजन होखे के रहे। जारी

Share

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति सक्षमता परीक्षा-2.0 के स्थगित कs देले बा। एह संबंध में बोर्ड के ओर से नोटिस जारी कइल गइल बा। 26 से 28 जून तक परीक्षा के आयोजन होखे के रहे।

जारी नोटिस में कहल गइल बा कि प्रिंसिपल पद खातिर 28 जून के परीक्षा के आयोजन होखे के बा। अइसन में सक्षमता परीक्षा के दूसरका चरण के तारीख के आगे बढ़ावल जा रहल बा।

अब आगे परीक्षा कब होई, एकरा के लेके बोर्ड के ओर से नया तारीख जल्दिये जारी कइल जाई। सक्षमता परीक्षा-2.0 खातिर कुल 85 हजार नियोजित शिक्षक आवेदन कइले रहे लो।

सेकेंडरी स्कूल के प्रधान शिक्षक के परीक्षा 28 जून के

बता दीं कि सेकेंडरी स्कूल के प्रधान शिक्षक के परीक्षा 28 जून आ प्राइमरी स्कूल के प्रधान शिक्षक के परीक्षा 29 जून के होई। एह दुनो परीक्षा के माध्यम से 40 हजार पदन पs बहाली होई। एमे उच्च माध्यमिक विद्यालयन में प्रिंसिपल के 6 हजार 61 और प्राइमरी स्कूल में प्रिंसिपल के 34 हजार 86 पद सामिल बा।

कुल 59 विषय के होई परीक्षा

सक्षमता परीक्षा 2.0 में अलग-अलग कक्षा खातिर सात श्रेणी में कुल 59 विषयन के परीक्षा बोर्ड के ओर से आयोजित कइल जाई। एमे कवनो नेगेटिव मार्किंग नइखे। पहिला से पांचवीं में एक विषय के परीक्षा होई। छठी से आठवीं में आठ विषय, माध्यमिक (नवमीं से दसवीं) में 19 आ उच्च माध्यमिक (11वीं से 12वीं) में 31 विषयन के परीक्षा लिहल जाई।

जानीं केतना प्रश्न पूछल जाई

प्रारंभिक, हाईस्कूल आ इंटर स्कूलन में पढ़ावल जाये वाला कोर्स से सवाल पूछल जाई। सक्षमता परीक्षा में कुल 150 वस्तुनिष्ठ प्रश्न होई। जेमे कक्षा एक से पांच खातिर भाषा से 30, सामान्य अध्ययन से 40 आ सामान्य विषय से 80 प्रश्न पूछल जाई। एही तरे के अंक प्रश्न छठी से आठवीं, नौवीं आ दसवीं आउर 11वीं व 12वीं के नियोजित शिक्षकन से पूछल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.