Gorakhpur News: कूटरचित दस्तावेज से नौकरी पावे वाला शिक्षक गिरफ्तार, भेजल गइल जेल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 9, 2024

गोरखपुर। कूटरचित दस्तावेजन के आधार पs नौकरी करे वाला फर्जी शिक्षक के गगहा पुलिस अतवार के कौड़ीराम बाजार से गिरफ्तार कs लेलस। जांच सुरू होखला के बाद से आरोपी नौकरी छोड़के फरार हो गइल रहे।

Share

Gorakhpur News: कूटरचित दस्तावेज से नौकरी पावे वाला शिक्षक गिरफ्तार, भेजल गइल जेल

गोरखपुर। कूटरचित दस्तावेजन के आधार पs नौकरी करे वाला फर्जी शिक्षक के गगहा पुलिस अतवार के कौड़ीराम बाजार से गिरफ्तार कs लेलस। जांच सुरू होखला के बाद से आरोपी नौकरी छोड़के फरार हो गइल रहे।

जानकारी के अनुसार, चौरीचौरा थाना अंतर्गत बेलवा बाबू गांव निवासी भास्कर द्विवेदी पुत्र अजय कुमार द्विवेदी कूटरचित दस्तावेज के आधार पs 69,000 सहायक अध्यापक भर्ती प्रक्रिया 2020 में कौड़ीराम क्षेत्र अंतर्गत पूर्व माध्यमिक विद्यालय हरिखोरा में बतौर सहायक अध्यापक ज्वाॅइन कइले रहे। दस्तावेजन के जांच के दौरान जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी कार्यालय के ओर से पावल गइल कि नियुक्ति में बीएससी के सर्टिफिकेट मोनाड विश्वविद्यालय हापुड़ के प्रयोग कइल गइल रहे। ई जांच के बाद फर्जी आ कूटरचित निकलल। एकरा बाद बेसिक शिक्षा अधिकारी गोरखपुर मूल शैक्षिक प्रमाण पत्रन के संगे उपस्थित होखे के कहलें। एकरा बादे से भास्कर स्कूल छोड़ के फरार हो गइल।

निर्धारित समय तक ओकरा ओर से प्रमाण पत्र उपलब्ध ना करवला पs बेसिक शिक्षा अधिकारी रमेंद्र कुमार सिंह के आदेस पs खंड शिक्षा अधिकारी जय प्रकाश मौर्या ओकरा खिलाफ गगहा थाना में केस दर्ज करवलें। अतवार के पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs के कोर्ट में पेश कइलस जहां से जेल भेज दिहल गइल।

इहो पढ़ीं: Battery Tips: राउर एह आदतन से स्मार्टफोन के बैटरी होला खराब, आग तक लाग सकेला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.