Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Haryana DSP Murder: हरियाणा के नूंह में पुलिस एनकाउंटर, डीएसपी हत्याकांड में शामिल बदमाश गिरफ्तार, गोड़ में लागल गोली

DSP Surender Singh Bishnoi Murder: हरियाणा के नूंह में पुलिस के संगे भइल एनकाउंटर में एगो बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल बा। बदमाश के गोड़ में गोली लागल बा।

548

Nuh DSP Murder: हरियाणा के नूंह में तावडू के डीएसपी सुरेंद्र सिंह बिश्नोई (Surender Singh Bishnoi) के हत्या के बाद पुलिस एनकाउंटर में एगो बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल बा। एनकाउंटर के दौरान बदमाश के गोड़ में गोली लागल बा। पुलिस के ई कार्रवाई डीएसपी के हत्या के कुछ घंटन के भीतर भइल बा आ एगो बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल बा।

डीएसपी के हत्या पs हरियाणा के डीजीपी पीके अग्रवाल कहले कि ई एगो गंभीर आ दुखद घटना बा। मुठभेड़ के बाद एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। ओकरा गोड़ में गोली लागल बा। आउर आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर टीमन द्वारा लगातार छापेमारी कइल जा रहल बा। सख्त कार्रवाई होई।

हरियाणा के नूंह जिले में अवैध पत्थर खनन के जांच कर रहल एगो पुलिस उपाधीक्षक (डीएसपी) के मंगर के ओह समय एगो ट्रक कुचल देलस जब ऊ चालक के रुके के इशारा कइलें। अधिकारी ई जानकारी देले। ऊ बतवले कि सुरेंद्र सिंह दस्तावेजन के जांच खातिर एगो डंपर-ट्रक के रुके के इशारा कइले रहस, बाकिर चालक रफ्तार बढ़ावत उनका के कुचल डललस। अधिकारियन के मोताबिक, डीएसपी के चालक आ सुरक्षाकर्मी सड़क के किनारे कूदके आपन जान बचावल लो, बाकिर सुरेंद्र सिंह ट्रक के चपेट में आ गइले।

पुलिस बतवलस कि सिंह के तुरंत लगे के एगो अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। पुलिस के मोताबिक, सिंह अपना टीम के साथे तावडू के निचिका पचगांव में अरावली पहाड़ियन में अवैध पत्थर खनन पs रोक के वास्ते छापा मारे गइल रहस आ  करीब 11 बजकर 50 मिनट पs ऊ ट्रक के देखके रुके के इशारा कइले रहले। एगो अधिकारी बतवले कि पुलिस टीम ट्रक के चालक के गिरफ्तारी खातिर अलग-अलग जगहन पs छापा मार रहल बिया।

अधिकारियन द्वारा बतावल गइल कि बरिस 2015 से, हर साल नूंह में अवैध खनन के करीब 50 शिकायत दर्ज कइल जाला। बतावल गइल कि खनन माफिया के सदस्यन आ पुलिस के बीच अक्सर फसाद होता रहेला। हरियाणा पुलिस में डीएसपी सिंह के भर्ती 1994 में सहायक उपनिरीक्षक के पद पs भइल रहे आ ऊ कुछे महीना सेवानिवृत्त होखे वाला रहस। मूल रूप से हिसार जिला के सारंगपुर गांव के निवासी सिंह कुरुक्षेत्र में अपना परिवार के साथे रहत रहस।

296910cookie-checkHaryana DSP Murder: हरियाणा के नूंह में पुलिस एनकाउंटर, डीएसपी हत्याकांड में शामिल बदमाश गिरफ्तार, गोड़ में लागल गोली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.