जाकिर हुसैन के घुंघराला बाल पs सभे रहे फिदा, सवाल पूछले पs मिलल रहे जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2024

तबला वादक जाकिर हुसैन के निधन से सभे दुखी बा। हृदय के समस्या के बाद उनुका के अमेरिकी शहर सैन फ्रांसिस्को के एगो अस्पताल के आईसीयू में भर्ती करावल गईल। जहाँ उनुकर मउत हो गईल। वाह

Share

जाकिर हुसैन

तबला वादक जाकिर हुसैन के निधन से सभे दुखी बा। हृदय के समस्या के बाद उनुका के अमेरिकी शहर सैन फ्रांसिस्को के एगो अस्पताल के आईसीयू में भर्ती करावल गईल। जहाँ उनुकर मउत हो गईल। वाह ताज ! टीवी विज्ञापन में इs दुनो शब्द कह के घर-घर में मशहूर भईल जाकिर हुसैन के बाल के देख के लोग फिदा रहे। एक बेर उनुका से उनुका बाल के बारे में एगो सवाल पूछल गईल। जब उनका से पूछल गइल कि का रउवा जानबूझ के आपन जुल्फ के खुलल रखले बानी, लोग के परेशान करे खातिर जाकिर हुसैन एह बात पs हँस के कहले कि “लोग एक दू घंटा जुल्फ के संवारे में बितावेला हम जुल्फ बिखेरले में दु से चार घंटा बितावेनी। हम कबो आपन बाल कंघी ना कइनी। नहा के बाल अईसने छोड़ देनी।”

 मशहूर तबला वादक उस्ताद जाकिर हुसैन के जनम 9 मार्च 1951 के भारत के महाराष्ट्र के मुंबई में भइल रहे। प्रख्यात तबला वादक अल्लाह रक्खा के बड़का बेटा के रूप में उs बचपन से संगीत के प्रति आकर्षित रहले। उहाँ के प्राथमिक शिक्षा मुंबई के माहिम के सेंट माइकल हाई स्कूल से पूरा कइनी आ बाद में सेंट जेवियर कॉलेज से स्नातक कइलें, जवना से संगीत आ शिक्षा में उनकर नींव अउरी मजबूत भइल।

हुसैन के बियाह कथक डांसर आ टीचर एंटोनिया मिनेकोला से भइल. इनके दू गो बेटी अनीसा कुरैशी आ इसाबेला कुरैशी बाड़ी। जाकिर हुसैन ‘साज’, ‘हीट एंड डस्ट’ समेत कुछ फिलिमन में भी अभिनय कइले बाड़न. उनकर सबसे ताजा फिलिम ‘मंकी मैन’ साल 2024 में रिलीज भइल रहे.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.