सीरिया में हालात बिगड़ल, विदेश मंत्रालय जारी कइलस ट्रैवल एडवाइजरी, यात्रा से बचे के सलाह

Minee Upadhyay
सीरिया में हालात बिगड़ल
- Sponsored Ads-

सीरिया में दिन पs दिन बिगड़त हालात के बीच विदेश मंत्रालय ट्रैवल एडवाइजरी जारी कइले बा. एह एडवाइजरी में भारतीय नागरिकन के सलाह दिहल गइल बा कि जबले आगे के आदेश ना मिल जाई तबले सीरिया जाए से बचे के चाहीं.  विदेश मंत्रालय के ओर से जारी एs एडवाइजरी में कहल गईल बा कि सीरिया के हालत खराब बा। फिलहाल सीरिया के यात्रा काफी जोखिम वाला बा। 

हेल्पलाइन नंबर जारी कइल गइल

- Sponsored Ads-

विदेश मंत्रालय एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी कs कहलस कि, सीरिया में प्रचलित स्थिति के देखत भारतीय नागरिक के एडवाइजरी दिहल जाता कि “जब ले आगे के आदेश ना मिल जाई तब ले सीरिया जाए से बची।  संगही, जे लोग सीरिया में बाड़े, ओकरा के जल्दी से जल्दी सीरिया छोड़े के सलाह दिहल गईल बा।  विदेश मंत्रालय आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर +963993385973 आ ईमेल आईडी [email protected] भी जारी कइले बा।

सुरक्षा के लेके सतर्क रहीं

सीरिया में मौजूद भारतीय नागरिकन से निहोरा कइल गइल बा कि ऊ लोग दमिश्क में भारतीय दूतावास के आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर (व्हाट्सएप पर भी) आ ईमेल आईडी पs संपर्क में रहीं.  जे सीरिया से बाहर निकले में सक्षम बा ओकरा जल्दी से जल्दी  जाए के चाहीं.  सीरिया में रहे वाला भारतीयन से भी कहल गइल बा कि ऊ लोग अपना सुरक्षा के पूरा ध्यान राखे आ आपन आवाजाही सीमित राखे.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।