सीरिया में हालात बिगड़ल, विदेश मंत्रालय जारी कइलस ट्रैवल एडवाइजरी, यात्रा से बचे के सलाह

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2024

सीरिया में दिन पs दिन बिगड़त हालात के बीच विदेश मंत्रालय ट्रैवल एडवाइजरी जारी कइले बा. एह एडवाइजरी में भारतीय नागरिकन के सलाह दिहल गइल बा कि जबले आगे के आदेश ना मिल जाई तबले

Share

सीरिया में हालात बिगड़ल

सीरिया में दिन पs दिन बिगड़त हालात के बीच विदेश मंत्रालय ट्रैवल एडवाइजरी जारी कइले बा. एह एडवाइजरी में भारतीय नागरिकन के सलाह दिहल गइल बा कि जबले आगे के आदेश ना मिल जाई तबले सीरिया जाए से बचे के चाहीं.  विदेश मंत्रालय के ओर से जारी एs एडवाइजरी में कहल गईल बा कि सीरिया के हालत खराब बा। फिलहाल सीरिया के यात्रा काफी जोखिम वाला बा। 

हेल्पलाइन नंबर जारी कइल गइल

विदेश मंत्रालय एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी कs कहलस कि, सीरिया में प्रचलित स्थिति के देखत भारतीय नागरिक के एडवाइजरी दिहल जाता कि “जब ले आगे के आदेश ना मिल जाई तब ले सीरिया जाए से बची।  संगही, जे लोग सीरिया में बाड़े, ओकरा के जल्दी से जल्दी सीरिया छोड़े के सलाह दिहल गईल बा।  विदेश मंत्रालय आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर +963993385973 आ ईमेल आईडी hoc.damascus@mea.gov.in भी जारी कइले बा।

सुरक्षा के लेके सतर्क रहीं

सीरिया में मौजूद भारतीय नागरिकन से निहोरा कइल गइल बा कि ऊ लोग दमिश्क में भारतीय दूतावास के आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर (व्हाट्सएप पर भी) आ ईमेल आईडी पs संपर्क में रहीं.  जे सीरिया से बाहर निकले में सक्षम बा ओकरा जल्दी से जल्दी  जाए के चाहीं.  सीरिया में रहे वाला भारतीयन से भी कहल गइल बा कि ऊ लोग अपना सुरक्षा के पूरा ध्यान राखे आ आपन आवाजाही सीमित राखे.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.