स्वामी प्रसाद मौर्य पार्टी के ऐलान कइलें : सपा में पद से इस्तीफा के 7वां दिन झंडा लॉन्च कइलें, राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी के पहिला जनसभा दिल्ली में

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2024

उत्तर प्रदेश के पूर्व मंत्री स्वामी प्रसाद मौर्य सपा के राष्ट्रीय महासचिव पद से इस्तीफा के 7वां दिन पार्टी के ऐलान कइले बाड़ें। स्वामी प्रसाद मौर्य साहेब सिंह धनगर के पार्टी राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी

Share

उत्तर प्रदेश के पूर्व मंत्री स्वामी प्रसाद मौर्य सपा के राष्ट्रीय महासचिव पद से इस्तीफा के 7वां दिन पार्टी के ऐलान कइले बाड़ें। स्वामी प्रसाद मौर्य साहेब सिंह धनगर के पार्टी राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी (RSSP) के री-लॉन्च कइलें बाड़ें। ऊ ऐलान इले कि ऊ 22 फरवरी के दिल्ली के तालकोटरा स्टेडियम में प्रतिनिधि कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करिहें। स्वामी प्रसाद मौर्य RSSP के झंडा लॉन्च कइलें बाड़ें। बता दीं कि स्वामी प्रसाद मौर्य 13 फरवरी के सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के पत्र लिखके सपा के राष्ट्रीय महासचिव पद से इस्तीफा देले रहस।

स्वामी प्रसाद मौर्य जवना पार्टी के ऐलान कइले बाड़ें, उ 2013 में बनावल गइल पार्टी हs। अलीगढ़ के रहे वाला साहेब सिंह धनगर ई पार्टी बनवले रहस। साहेब सिंह धनगर 1993 में बसपा से विधानसभा चुनाव लड़ल रहस। 2002 में सपा से लड़ल रहस। 2013 में ऊ RSSP बनवलें 2014, 2017, 2019 के चुनाव में पार्टी प्रत्याशी उतरलस। 2020 में ऊ इंडियन डेमोक्रेटिक अलायंस IDA बनवलें, जेमे कइयन गो छोटे दल साथे आइल। साहेब सिंह धनगर एह पार्टी के फाउंडर हवे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.