9 महीना बाद स्पेस से धरती पs लौटत बाड़ी सुनीता विलियम्स

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर आजु पृथ्वी पs लवटे खातिर रवाना हो जइहें जवना पs पूरा दुनिया के नजर टिकल बा.  दुनु जने नौ महीना से अधिका समय से अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष

Share

लौटत बाड़ी सुनीता विलियम्स

नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर आजु पृथ्वी पs लवटे खातिर रवाना हो जइहें जवना पs पूरा दुनिया के नजर टिकल बा.  दुनु जने नौ महीना से अधिका समय से अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन (आईएसएस) पs फंसल बाड़े.  दुनो अंतरिक्ष यात्री के वापसी के बाद अंतरिक्ष में नौ महीना के यात्रा खतम हो जाई।  सुनीता विलियम्स, विल्मोर निक हेग के साथे दू गो अउरी क्रू-9 सदस्य स्पेसएक्स ड्रैगन अंतरिक्ष यान पs सवार होके पृथ्वी पs वापस आ रहल बाड़े।

भारतीय समय के मुताबिक 18 मार्च के सबेरे 10:35 बजे अंतरिक्ष यान के अंतरराष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से अलग कईल जाई।

नासा जानकारी दिहलस

18 मार्च के सबेरे 8:15 बजे – हैच क्लोज (गाड़ी के ढक्कन बंद हो जाई)

18 मार्च के सबेरे 10:35 बजे – अनडॉकिंग (आईएसएस से गाड़ी के अलगा)

19 मार्च के सबेरे 2:41 बजे – डिओर्बिट जरे (वाहन के वायुमंडल में प्रवेश)

19 मार्च के सबेरे 3:27 बजे – स्पलैशडाउन (समुद्र में गाड़ी के उतरल)

19 मार्च के सबेरे 5:00 बजे – पृथ्वी पर वापसी के संबंध में प्रेस कांफ्रेंस

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.