चित्रकला प्रतियोगिता में छात्र छात्रा देखावल लो प्रतिभा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 17, 2023

अखिलेश कुमार सिंह: देवरिया के सतरांव में इस्थित श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज में नेहरू युवा केंद्र के वेलेंटियर राहुल मल्ल आ यूथ अध्यक्ष शिवम पांडे के द्वारा युवा कार्यक्रम आ खेल मंत्रालय भारत सरकार के

Share

अखिलेश कुमार सिंह: देवरिया के सतरांव में इस्थित श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज में नेहरू युवा केंद्र के वेलेंटियर राहुल मल्ल आ यूथ अध्यक्ष शिवम पांडे के द्वारा युवा कार्यक्रम आ खेल मंत्रालय भारत सरकार के सौजन्य से कैच द रैन के प्रति चित्रकला प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जेमे छात्र छात्रा लोग आपन आपन अद्भुत प्रतिभा के प्रर्दशन कइल।

प्रतियोगिता में पहिला स्थान शिवानी सिंह, दूसरका स्थान रिशु आ तीसरा स्थान संजना के प्राप्त भइल। डॉक्टर जितेन्द्र अग्रहरी कहलें कि एह प्रतियोगिता में सब लईका आपन कला के अद्भुत प्रदर्शन कइले बा लो। एह तरे के प्रतियोगिता से ग्रामीण क्षेत्रन के विद्यार्थियन के भीतर छुपल एगो कलाकार के निखारे के मवका मिलेला। जवना से ओकरा अन्दर के आत्मविश्वास बढ़ेला।

एह कार्यक्रम में लालसहन, सनी यादव, विजय शंकर रजक, सरोज कुमार, धर्मेंद्र उपाध्याय, उमेश यादव, युथ अध्यक्ष शिवम पांडेय, सन्तोष यादव, जितेंद्र यादव, रणविजय कुमार आदि लोग मवजूद रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.