Stree 2: ‘ उऽ स्त्री हियऽ कुछवो कर सकऽ तिया’, स्त्री 2 के रिलीज डेट में बदलाव, अब एह दिन सिनमाघर में दीही दस्तक

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2024

Stree 2: अभिनेत्री श्रद्धा कपूर आ राजकुमार राव के हॉरर-कॉमेडी फिल्म ‘स्त्री’ दर्शकन के खूब मनोरंजन कइलस। अब दर्शक एकर सीक्वल ‘स्त्री 2’ के बेसब्री से इंतजार कर रहल बाड़े। एहसे पहिले ‘स्त्री 2’ 15

Share

Stree 2: अभिनेत्री श्रद्धा कपूर आ राजकुमार राव के हॉरर-कॉमेडी फिल्म ‘स्त्री’ दर्शकन के खूब मनोरंजन कइलस। अब दर्शक एकर सीक्वल ‘स्त्री 2’ के बेसब्री से इंतजार कर रहल बाड़े। एहसे पहिले ‘स्त्री 2’ 15 अगस्त के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला रहे। बाकिर अब एह फिलिम के रिलीज डेट बदल दिहल गइल बा। अब ई फिलिम रिलीज डेट से एक दिन पहिले सिनेमाघरन में रिलीज हो जाई। एकरा संगे-संगे फिल्म के अग्रिम बुकिंगो आज से शुरू हो गइल बा।

मैडॉक फिल्म्स सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कऽ के फिल्म के रिलीज डेट में बदलाव के जानकारी देलस। उऽ फिल्म के पोस्टर शेयर करत लिखले कि स्त्री अब अपना समय से पहिले आवत बिया।  अब ‘स्त्री 2’ 14 अगस्त के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा। निर्माता लिखले कि, स्त्री 2 के एडवांस बुकिंग अब शुरू हो गइल बा।’ उऽ स्त्री हियऽ , उऽ कुछुओ कर सकऽ तिया’ एही से ऊ एक रात जल्दी आवत बिया, बस रउरा खातिर। त आपन टिकट बुक कर लीं।

उ आगे लिखले कि, ‘ लीजेंड 14 अगस्त के आज स्वतंत्रता दिवस के सांझ के रात 9:30 बजे शो के संगे वापस आ रहल बा।’ दर्शक एह हॉरर-कॉमेडी फिल्म के बेसब्री से इंतजार करत बाड़े। अइसना में अब ई फिलिम रिलीज होखे से एक दिन पहिले रिलीज हो रहल बा जवन दर्शकन खातिर एगो बड़हन तोहफा से कम नइखे।

‘स्त्री 2’ में श्रद्धा कपूर, राजकुमार राव, पंकज त्रिपाठी, अभिषेक बनर्जी आ अपरशक्ति खुराना के अहम भूमिका में नजर अइहें। वरुण धवन एह फिलिम में ‘भेड़िया’ के रूप में कैमियो कइले बाड़न जवना के झलक काल्हु रिलीज भइल ‘खुबसूरत’ गाना में भी देखल गइल

अमर कौशिक के निर्देशन में बनल ‘स्त्री 2’ के ट्रेलर आ गीत दर्शकन के बहुते नीक लागल बा। अइसना में दर्शक फिल्म देखे खातिर बहुते बेचैन हो जालें। एकर निर्माता जियो स्टूडियो आ दिनेश विजन बाड़ें। फिल्म के पहिला भाग साल 2018 में रिलीज भइल रहे। फिल्म बॉक्स ऑफिस पर बढ़िया बिजनेस कइलस। ई फिलिम हिट भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.