श्रीकरणपुर विधानसभा सीट से मंत्री टीटी के हार; गहलोत देलें कुन्नर के जीत के बधाई; भाजपा प्रदेशाध्यक्ष जोशी बोललें- समीक्षा होई 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2024

गंगानगर के श्रीकरणपुर विधानसभा सीट से भाजपा प्रत्याशी आ नहर आउर अल्पसंख्यक ममिलन के राज्य मंत्री सुरेंद्र पाल सिंह टीटी चुनाव हार गइलें। कांग्रेस के रुपिंदर सिंह कुन्नर उनका 11261 वोटन से हरवलें। कुन्नर के

Share

गंगानगर के श्रीकरणपुर विधानसभा सीट से भाजपा प्रत्याशी आ नहर आउर अल्पसंख्यक ममिलन के राज्य मंत्री सुरेंद्र पाल सिंह टीटी चुनाव हार गइलें। कांग्रेस के रुपिंदर सिंह कुन्नर उनका 11261 वोटन से हरवलें। कुन्नर के 94761 आ टीटी के 83500 वोट मिलल। हालांकि औपचारिक घोषणा बाकी बा।

एने, रिजल्ट के औपचारिक घोषणा से पहिलही पूर्व मुख्यमंत्री अशोक गहलोत आ कांग्रेस प्रदेशाध्यक्ष गोविंद सिंह डोटासरा रुपिंदर सिंह कुन्नर के जीत के बधाई दे देले रहस। ओहिजा राजस्थान भाजपा हार मान लेले बिया। प्रदेशाध्यक्ष सीपी जोशी कहलें कि हार के कारणन के समीक्षा कइल जाई।

गौर करे वाला बात बा कि सुरेंद्र पाल सिंह टीटी के विधायक बने से पहिलही भाजपा सरकार में राज्य मंत्री बना देले रहे। कांग्रेस एकर बहुते विरोध कइले रहे आ चुनाव आयोग k शिकायत कइले रहे।

तीसरका राउंड में पीछे हो गइल रहलें टीटी

डॉ. भीमराव अंबेडकर गवर्नमेंट पीजी कॉलेज में आज काउंटिंग भइल। एह सीट पs पांच जनवरी के मतदान भइल रहे। चुनाव जीते से पहिलही भाजपा प्रत्याशी सुरेंद्रपाल सिंह टीटी के भजनलाल सरकार में मंत्री बनावे से ई सीट चरचा में आ गइल रहे। परिणाम से तय हो गइल कि अब टीटी मंत्री पद पs बरकरार ना रहे। एह चुनाव परिणाम पs पूरा प्रदेश के नजर टिकल रहे। 18 राउंड में मतगणना पूरा भइल। टीटी पहिला दु राउंड में आगे रहस, बाकिर तीसरका राउंड से लगातार पीछे होत चल गइल रहस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.