Special story : ईंहों के जानी, ईंहों के पहचानी :सिवान जिला के बेटी एक्ट्रेस “अरुणा गिरी”

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2024

खबर भोजपुरी रउरा सभे के सोझा एगो सेगमेंट लेके आइल बा….एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव एगो भोजपुरिया माटी में जनमल आ बॉलीवुड में आपन नाव बनावत “अरुणा गिरी”के बारे में… बिहार के सरैया

Share

खबर भोजपुरी रउरा सभे के सोझा एगो सेगमेंट लेके आइल बा….एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव एगो भोजपुरिया माटी में जनमल आ बॉलीवुड में आपन नाव बनावत “अरुणा गिरी”के बारे में…

बिहार के सरैया मठिया जिला सिवान निवासी अरुणा के फिलिमन में काम करे के इच्छा बचपने से रहे। इनकर पढ़ाई- लिखाई सिवान आ छपरा से भइल। अरुणा बचपने से बहुत महत्वाकांक्षी रहली। उनके पइसा केहु से मांगल ठीक ना लागे एही से जब उs कंप्यूटर सिखत रहली तs ओकरा संगे- संगे सिखावतो रहली। इनकर बाबूजी पानीपत में रहत रहले ऐसे जादातर उs पानीपत में रहत रहली। तबो गांव से लगाव अरुणा के बहुत रहे।

सिनेमा के नया अभिनेत्री अरुणा गिरी भोजपुरी फिलिम “कलाकार” से माया नागरी में धमाकेदार एंट्री के पहिले उs न्यूज एंकरिंग करत रहली। ओहि बिचे मिस हरियाणा के खिताब भी जितली,ओकरा बाद से हरियाणवी सांग मिले लागल। ओकरा बाद पंजाबीयो गीत में काम कईली। बाद में उs सोचली की अब हमरा के मुंबई जाए के चाहि। उs मुंबई गइली आ जाते उनकरा के फिलिम मिले लागल आ बेहतरीन काम करत बाड़ी।

भोजपुरी फिलिम के सुरुआत करोड़ों युवा सुपरस्टार अरविंद अकेला कल्लू के साथे भइल। उs बहुत हिटो रहे। ओकरा बाद कई गो फिलिम मिलल जेमे उs मुख्य भूमिका मे बाड़ी।

भोजपुरी भाषा के पहिला साइंस फ़िक्शन फिलिम “मद्धिम” में भी अरुणा जल्दिए लीड रोल में दिखाई दीहें।

यायावरी महोत्सव में मद्धिम टीम

 

अरुणा हिंदी,भोजपुरी सहित कई गो अउर भाषा के फिलमन में काम करत बाड़ी। भोजपुरिया माटी के ई लईकी सिनेमा में शानदार नाव कमा रहल बाड़ी।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.